Patna News : सुलेशन सूंघ-सूंघ  के क्राइम से नाता जोड़ रहल बाड़े बच्चा, पटना में अइसे पनप रहल बा नशा के कारोबार

By Anurag Ranjan

Published on: May 25, 2024

Patna News :पटना में नानह उमिर के लइका अपराध आ नशा के दुनिया में आगे बढ़ रहल बाड़े। दू दिन पहिले बियफे के पटना जंक्शन के लगे चार अइसन बच्चन के प्रशासन अपना संरक्षण में

Share

Patna News :पटना में नानह उमिर के लइका अपराध आ नशा के दुनिया में आगे बढ़ रहल बाड़े। दू दिन पहिले बियफे के पटना जंक्शन के लगे चार अइसन बच्चन के प्रशासन अपना संरक्षण में लेलस। जवन सुलेशन सूंघ-सूंघ के अपराध से नाता जोड़ रहल बाड़े। नशा के एह खेल के पीछे पूरा नेटवर्क बा। एह लोगन से चोरी-छिनतई जइसन अपराधो करावल जाता। बदले में नशा मिल जाता।

10-12 बरिस के लइका। सात-आठ बरिस के उम्र वाला बाड़े। नशा के आदी हो चुकल बाड़े। ए लोगन के लतो लगावल जाला। नशा के रूप में पंचर साटे वाला केमिकल के प्रयोग करेले। आम बोलचाल में एकरा के सुलेशन कहल जाला। ई आसानी से उपलब्ध बा आ सस्तो बा। बचपन एकरा चपेट में आ रहल बा। नशा के शुरुआत इहाँ से होला आ फेर धीरे-धीरे ब्राउन शुगर आ दूसर नशीला पदार्थन ले पहुंच जाले।

महावीर मंदिर के आसपास नशा में धुत लइका मिल जइहें 

एकरा के रोकल एगो बड़ चुनौती बा, अन्यथा इहे लइका आगे चलके अपराध के दुनिया में कदम रखिहें। एकर प्रशिक्षण अबही से मिल रहल बा। पटना जंक्शन आ महावीर मंदिर के आसपास नशा में धुत बच्चा मिल जइहें। एमें नाबालिग लइकियो बाड़ी।

खाली इहे ना, नेहरू पथ, राजवंशी नगर, पटेल नगर, बोरिंग रोड, कदमकुआं, राजेंद्र नगर समेत कई गो इलाकन में एह तरे के बच्चा सुलेशन सूंघत लउक जइहें। एकरा से समझल जा सकत बा कि नशा के कइसन खेल चल रहल बा। ई-रिक्शा चलावे वाला लइको एकरा चपेट में बाड़े। एक तऽ नाबालिग के हाथ में ई-रिक्शा, ओपर से नशा।

का कहत बाड़े सेवानिवृत्त शिक्षक?

सेवानिवृत्त शिक्षक तरुण सिन्हा कहत बाड़े कि जब ले अइसन सामग्री बेचे वालन पs सख्त कार्रवाई ना होई, बच्चन के ओकरा चपेट में आवे से बचावल संभव नइखे। अइसन नइखे कि खाली झुग्गियन में रहे वाला बच्चा एकरा चपेट में आ रहल बाड़े, कई अच्चा घरन के बच्चा एकर शिकार बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.