पटना। बिहार के राजधानी पटना में खान सर के कोचिंग सेंटर पs हमला के ममिला में नया-नया खुलासा होखला के बाद पुलिस एक्शन मोड में आ गइल बिया। ताजा जानकारी के माेताबिक पुलिस जांच तेज करत कोचिंग सेंटर पहुंचल बिया आ ओहिजा पूछताछ कs के जरूरी जानकारी जुटावत बिया।
बतावल जा रहल बा कि घटना से जुड़ल कइयन गो वीडियो सामने आइल बा। एमे एगो नया वायरल वीडियो में दावा कइल जा रहल बा कि खान सर के गार्ड फायरिंग कइले रहे। एह दावा के बाद पुलिस ममिला के गंभीरता से लेते जांच के दायरा बढ़ा देले बिया। एक दिन पहिले पुलिस एह ममिला में तीन लोगन के गिरफ्तार कइले रहे।
कोचिंग परिसर में मवजूद बाड़ें वरिष्ठ पुलिस अधिकारी
एह समय कोचिंग सेंटर पs बड़ संख्या में पुलिस बल तैनात बा। वरिष्ठ पुलिस अधिकारी कोचिंग परिसर के भीतर मौजूद बाड़ें आ घटना से जुड़ल लोगन से पूछताछ करत बाड़ें। पुलिस वायरल वीडियो के सत्यता जांचे में जुटल बिया।
जानकारी के मोताबिक, ज्ञान बिंदु कोचिंग के ओर से आदर्श नाम के व्यक्ति प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के एगो वीडियो जारी कइले रहलें। ऊ दावा कइलस कि फायरिंग खान सर के गार्ड द्वारा कइल गइल रहे आ पूरा घटना एगो साजिश के हिस्सा हs। एह दावा के बाद पुलिस वायरल वीडियो के जांच करे खातिर खान सर के कोचिंग सेंटर पहुंचल बिया।
फिलहाल पुलिस सब पहलूअन पs जांच कs रहल बिया आ वीडियो के सत्यता के जांच कइला के बाद आगे के कार्रवाई कइल जाई।
साभार : दैनिक जागरण







