नई दिल्ली। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा के अफगानिस्तान के खिलाफ आवे वाला वनडे सीरीज में खेलला पs अभियो संशय बनल बा। बीसीसीआई से जुड़ल सूत्रन के माेताबिक, रोहित शर्मा एह सीरीज से बाहर हो सकेलें, काहेकि उनकर फिटनेस अभी पूरा तरे से ठीक नइखे मानल जा रहल।
असल में, आईपीएल 2026 के दौरान रोहित शर्मा हैमस्ट्रिंग चोट से परेसान रहलें आ एह वजह से कइयन गाे मैच मिस कइले रहलें। अफगानिस्तान के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर उनकर चयन तs भइल बा, बाकिर टीम में अंतिम रूप से सामिल होखला के फैसला उनकर फिटनेस रिपोर्ट पs निर्भर करी।
आईपीएल 2026 में रोहित शर्मा 9 मैच खेलके 35 के औसत आ 157 के स्ट्राइक रेट से 283 रन बनवले रहलें। एह दौरान उनकर बल्ला से दूगो अर्धशतक निकलल आ उनकर सबसे बेहतरीन स्कोर 84 रन रहे।
39 बरिस के रोहित शर्मा अब खाली वनडे क्रिकेट खेलेलें। ऊ टी20 विश्व कप 2024 जीतला के बाद टी20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास ले लेले रहस। एकरा बाद साल 2025 में टेस्ट क्रिकेट से रिटायरमेंट के एलान कs देले रहलें।
वनडे कप्तान के रूप में रोहित आखिरी बेर मार्च 2025 में भारत के आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी जितवले रहलें। न्यूजीलैंड के खिलाफ फाइनल मुकाबला में ऊ 76 रन के सानदार पारी खेलके टीम के जीत दिलवले रहलें। एह साल न्यूजीलैंड के खिलाफ खेलल गइल आपन आखिरी वनडे सीरीज में ऊ तीन मैच में कुल 61 रन बनवले रहलें।
हैमस्ट्रिंग चोट से जूझत बाड़ें रोहित
रोहित शर्मा के हैमस्ट्रिंग चोट आईपीएल 2026 के दौरान सामने आइल रहे। एह चोट के चलते ऊ कुछ मुकाबला ना खेल पवलें। अफगानिस्तान खिलाफ वनडे सीरीज में उनकर उपलब्धता मेडिकल टीम आ टीम प्रबंधन के रिपोर्ट पs निर्भर करी। अगर फिटनेस सही ना रहे तs ऊ सीरीज से बाहर हो सकेलें।
कोहली पहिले से सीरीज से बाहर
विराट कोहली हैमस्ट्रिंग चोट के चलते अफगानिस्तान के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज से बाहर हो गइल बाड़ें। आईपीएल 2026 फाइनल के दौरान गुजरात टाइटंस के खिलाफ बल्लेबाजी करत घरी उनकर चोट उभर के सामने आइल रहे। दरद के बादो कोहली नाबाद 75 रन के सानदार पारी खेलके आरसीबी के लगातार दूसरका आईपीएल खिताब जितावे में अहम भूमिका निभवले रहलें।
जदि रोहित शर्मा फिटनेस के कारण सीरीज नइखन खेल पावत, तs भारतीय टीम खातिर ई दोहरा झटका साबित हो सकेला।







