संसद में संविधान पs चर्चा जारी, सांझ 5.45 बजे पीएम मोदी दिहें जवाब

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 14, 2024

देश में संविधान के 75 साल पूरा होखले पs संसद में चर्चा हो रहल बा। आज संविधान पs चर्चा के दौरान पीएम नरेंद्र मोदी लोकसभा में विपक्ष के आरोप के जवाब दिहे।पीएम मोदी से पहिले

Share

किरेन रिजीजू

देश में संविधान के 75 साल पूरा होखले पs संसद में चर्चा हो रहल बा। आज संविधान पs चर्चा के दौरान पीएम नरेंद्र मोदी लोकसभा में विपक्ष के आरोप के जवाब दिहे।पीएम मोदी से पहिले नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी भी लोकसभा में आपन बात रखिहें। प्रधानमंत्री के भाषण दुपहरिया , 5.45 बजे के आसपास होई, शुक के दिने भइल बतकही में विपक्ष आ पार्टी के बीच भयंकर आदान-प्रदान भइल. सरकार के ओर से रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह अगुवाई कईले। दूसर ओर विपक्ष से प्रियंका गांधी अवुरी अखिलेश यादव समेत बाकी सांसद कड़ा हमला कईले रहले।

राहुल गांधी के संबोधन शुरू

संसद में संविधान पs दू दिन के बतकही के ई दुसरका दिन हs. राहुल गांधी के संबोधन शुरू हो गइल बा. एकरा बाद सुप्रिया सुले, डॉ. एस जयशंकर अवुरी पीएम मोदी के बोले के बा। पीएम मोदी सांझ के विपक्ष के सवाल अवुरी आरोप के जवाब दिहे।

पीएम मोदी साँझ 5.45 बजे जवाब दीहें
किरेन रिजिजू सदन में आपन बात रखले बाड़े। उनुका बाद एs राजा, राहुल गांधी, सुप्रिया सुले, तेजस्वी सूर्य, डॉ एस जयशंकर अवुरी पीएम मोदी के बोले के बा। पीएम मोदी सांझ के करीब 5:45 बजे आपन बात रखिहें।

इहो पढ़ीं: पीएम मोदी राज कपूर के 100वीं जयंती पs दिहले श्रद्धांजलि, शोमैन के तारीफ में कहले इs बात

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.