संसद में संविधान पs चर्चा जारी, सांझ 5.45 बजे पीएम मोदी दिहें जवाब

Minee Upadhyay
किरेन रिजीजू
- Sponsored Ads-

देश में संविधान के 75 साल पूरा होखले पs संसद में चर्चा हो रहल बा। आज संविधान पs चर्चा के दौरान पीएम नरेंद्र मोदी लोकसभा में विपक्ष के आरोप के जवाब दिहे।पीएम मोदी से पहिले नेता प्रतिपक्ष राहुल गांधी भी लोकसभा में आपन बात रखिहें। प्रधानमंत्री के भाषण दुपहरिया , 5.45 बजे के आसपास होई, शुक के दिने भइल बतकही में विपक्ष आ पार्टी के बीच भयंकर आदान-प्रदान भइल. सरकार के ओर से रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह अगुवाई कईले। दूसर ओर विपक्ष से प्रियंका गांधी अवुरी अखिलेश यादव समेत बाकी सांसद कड़ा हमला कईले रहले।

राहुल गांधी के संबोधन शुरू

- Sponsored Ads-

संसद में संविधान पs दू दिन के बतकही के ई दुसरका दिन हs. राहुल गांधी के संबोधन शुरू हो गइल बा. एकरा बाद सुप्रिया सुले, डॉ. एस जयशंकर अवुरी पीएम मोदी के बोले के बा। पीएम मोदी सांझ के विपक्ष के सवाल अवुरी आरोप के जवाब दिहे।

पीएम मोदी साँझ 5.45 बजे जवाब दीहें
किरेन रिजिजू सदन में आपन बात रखले बाड़े। उनुका बाद एs राजा, राहुल गांधी, सुप्रिया सुले, तेजस्वी सूर्य, डॉ एस जयशंकर अवुरी पीएम मोदी के बोले के बा। पीएम मोदी सांझ के करीब 5:45 बजे आपन बात रखिहें।

इहो पढ़ीं: पीएम मोदी राज कपूर के 100वीं जयंती पs दिहले श्रद्धांजलि, शोमैन के तारीफ में कहले इs बात

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।