Paris Olympics 2024: विनेश फोगाट रचली इतिहास, फाइनल में पहुँचले के साथे ही पक्का कइली सिल्वर मेडल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

  पेरिस ओलंपिक 2024 में भारतीय महिला रेसलर विनेश फोगाट इतिहास रचले बाड़ी.  विनेश के वजन 50 किलो बढ़ गईल। क्यूबा के पहलवान फ्रीस्टाइल कुश्ती के सेमीफाइनल में गुजमान लोपेज के 5-0 से हरा के

Share

Vinesh Phogat

 

पेरिस ओलंपिक 2024 में भारतीय महिला रेसलर विनेश फोगाट इतिहास रचले बाड़ी.  विनेश के वजन 50 किलो बढ़ गईल। क्यूबा के पहलवान फ्रीस्टाइल कुश्ती के सेमीफाइनल में गुजमान लोपेज के 5-0 से हरा के फाइनल में जगह बना लिहली. एह ऐतिहासिक जीत से विनेश के रजत पदक के पुष्टि हो गइल बा. एह तरह विनेश ओलंपिक में पदक जीते वाली दुसरकी महिला पहलवान बन गइल बाड़ी.  एकरा से पहिले साक्षी मलिक महिला कुश्ती में भारत खातिर कांस्य पदक जीत चुकल रहली। अगर विनेश फाइनल जीते में सफल हो जइहें तs ऊ ना खाली ओलंपिक के इतिहास में स्वर्ण पदक जीते वाली पहिला महिला पहलवान बन जइहें बलुक पहिला भारतीय महिला एथलीट भी बन जइहें. फाइनल में विनेश हारला पs भी उनुका रजत पदक मिलल तय बा.

पेरिस ओलंपिक से पहिले विनेश के लगे ओलंपिक के छोड़ के हर बड़ पदक रहे। एहमें राष्ट्रमंडल खेलन के स्वर्ण, एशियाई खेलन से खिताब, विश्व चैम्पियनशिप से दू गो कांस्य पदक के साथे एशियाई चैम्पियनशिप के आठ गो पदक शामिल बा. हालांकि रियो आ तोक्यो ओलंपिक में ऊ पदक ना जीत पवली. बाकिर पेरिस ओलंपिक में ऊ कमाल कइली आ पदक पक्का कs लिहली.

फाइनल में पहुंचे वाली पहिली भारतीय महिला पहलवान

विनेश भारत के तीसरकी पहलवान हई अवुरी कुश्ती के फाइनल में पहुंचे वाली पहिली महिला पहलवान बाड़ी। एकरा से पहिले पुरुष वर्ग में सुशील कुमार अवुरी रवि दाहिया के ओलंपिक फाइनल खेले के अनुभव बा बाकिर दुनो लोग रजत पदक से आगे ना बढ़ पवले, अयीसना में विनेश के कुश्ती में भारत खातीर पहिला स्वर्ण पदक जीते के स्वर्णिम मौका मिली . विनेश के आखिरी मैच आठ अगस्त बुध के दिने होखी.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.