Pappu Yadav: पप्पू यादव Lalu Yadav के सामने रखले नया ‘डील’, जदि अइसन भइल तऽ कांग्रेसो छोड़ दिहें 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2024

पप्पू यादव कांग्रेस के अब नया टेंशन में लिया देले बाड़े। पप्पू यादव पूर्णिया सीट पऽ अड़ल बाड़े आ उऽ एकरा खातिर लालू यादव के सामने ओपेन डील रखले बाड़े। पप्पू यादव कहले हऽ जदि

Share

पप्पू यादव कांग्रेस के अब नया टेंशन में लिया देले बाड़े। पप्पू यादव पूर्णिया सीट पऽ अड़ल बाड़े आ उऽ एकरा खातिर लालू यादव के सामने ओपेन डील रखले बाड़े। पप्पू यादव कहले हऽ जदि लालू के कांग्रेस से दिक्कत बा तऽ उऽ राजद के टिकट पऽ चुनाव लड़े खातिर तइयार बाड़े बाकिर उऽ पूर्णिया ना छोड़िहे।

Pappu Yadav On Lalu Yadav बिहार के सियासत में ए घरी पप्पू यादव आ बीमा भारती के खूब चर्चा हो रहल बा। पूर्णिया बिहार के हॉट सीट बन चुकल बा। राजद के उम्मीदवार बीमा भारती परचो  दाखिल कऽ देले बाड़ी। ओहिजा आपन जन अधिकार पार्टी के कांग्रेस में विलय कर चुकल पप्पू यादवो जिद पऽ अड़ल बाड़े।

दरअसल, पप्पू यादव शुरूवे से पूर्णिया लोकसभा सीट पऽ दावेदारी ठोक रहल बाड़े। उऽ टिकट मिले के आस में कांग्रेस ज्वाइन कर लेले, बाकिर पूर्णिया पऽ लालू बीमा भारती के प्रत्याशी घोषित कर देले। अब पप्पू यादवो नामांकन के तैयारी में बाड़े । पप्पू 4 अप्रैल के परचा भरिहें।

हम हमेसा लालू यादव के साथ देले…’

हालांकि, पप्पू यादव लालू यादव के एगो बड़ संदेश दे देले बाड़े। पप्पू यादव कहले हऽ कि जदि लालू यादव के कांग्रेस से दिक्कत बा तऽ हम राजद के सिंबल पऽ चुनाव लड़े खातिर तइयार बानी। पप्पू यादव कहले कि हम हमेशा लालू यादव के साथे बानी, जब उऽ संकट में रहलें, तब पप्पू यादव उनका साथे खड़ा रहलें।

कांग्रेस पप्पू यादव ने इहो कहले कि कई गो लोग 2025 के टारगेट बनवले बा, बाकिर हम ए बात से स्पष्ट बानी। हमार लक्ष्य 2024 के लोकसभा चुनाव बा। पप्पू यादव अपना दुखो साझा कइले। उऽ कहा कि हम विषम समय में लालू यादव के साथे रहल बानी, बाकिर जब हमार बारी आइल तऽ अइसन हो रहल बा।

पप्पू यादव कहले –

हमरा अब बुझाता कि हमार पूजा, इबादत में कवनो कमी रह गइल बा.. हमरा नइखे पता कि हम का गलती कइले बानी ?”

पप्पू यादव कहले कि हम उनका (लालू यादव) के साफ शब्दन में कहले कि हम परिवार के बानी आ मर्जर ना करब। हम मधेपुरा आ सुपौल ना जाइब। हम तऽ राजद के टिकट पऽ चुनाव लड़े खातिरो तइयार बानी, बाकिर पूर्णिया ना छोड़ब। हम हमेशा से पूर्णिया के सेवा कइले बानी। ई सब लोग देख रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.