इs एगो चीज के रस सुबेरे खाली पेट पियले से निखर जाला स्किन, 15 दिन ले रोज करीं सेवन, ग्लो फूट के निकलेला बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 23, 2024

Papaya Juice For Glowing Skin: स्किन केयर टिप्स कई बेर हमरे मनमुताबिक रिजल्ट नाहीं देला । अ‌इसे में हम आपन त्वचा के चमकदार बनावे के तरीका के तलाशेनी। डाइट में बदलाव आ कुछ घरेलू नुस्खा

Share

Papaya Juice For Glowing Skin: स्किन केयर टिप्स कई बेर हमरे मनमुताबिक रिजल्ट नाहीं देला । अ‌इसे में हम आपन त्वचा के चमकदार बनावे के तरीका के तलाशेनी। डाइट में बदलाव आ कुछ घरेलू नुस्खा ग्लोइंग स्किन के खातिर कमाल क‌s सकेना। कुछ फल होला जवन के चेहरा के निखार सकेना। खास कs के जाड़ा में मिले वाला सीजनेबल फल में पपीता काफी फायदेमंद हो सकेला । पपीता के रस कई स्वास्थ्य लाभ प्रदान करेला , जेमें कोलेजन बढ़ेला आ इम्यूनिटी बूस्ट करे के खातिर विटामिन सी, पाचन के खातिर पपेन, पुरान बीमारी के रोके के खातिर एंटीऑक्सिडेंट आ एनर्जी के खातिर नेचुरल शुगर शामिल बा। का आप जानेलीं कि हर दिने पपीता के जूस पीएले से कई गो स्वास्थ्य लाभ होला ।

ई स्वादिष्ट आ पौष्टिक जूस बहुते सारा मिनरल्स, विटामिन आ एंजाइम से भरपूर ह. पपीता क जूस आपके डाइट के सप्लीमेंट करे के एक गो पौष्टिक तरीका ह. एमें मौजूद पपेन एंजाइम पाचन के हेल्दी बनावेला आ आंत के बढ़ावा देला . ई आपो जानेलीं हमरे अंदर क सुंदरता बहरे झलकेला . अपने रूटीन में पपीता क रस के शामिल करल आपके स्किन के बेहतर बनावे के खातिर एक गो अच्छा तरीका ह. इहां जानि रोज पपीता क जूस पीए से स्किन के कौन-कौन से फायदा होला

ग्लोइंग स्किन खातिर पपीता के जूस 

खास कs जब त्वचा के बात आवेला तs पपीता के कईगो फायदा होला। इह एगो प्राकृतिक मॉइस्चराइजर हs जोन पिग्मेंटेशन के दूर करे में मदद करेला, काला धब्बा के हल्का आ फीका करेला , मुंहासा के इलाज करेला आ सूजन आ जलन के शांत क‌इले में सहायक होला।

1. झुर्री गायब करी

बीटा कैरोटीन से भरपूर, पपीता उमिर बढ़ावे के सजो लक्षण के कम क‌इले आ त्वचा के चमक‌वलें में सहायक होला। ईs डेड स्किन सेल्स के प्रभावी ढंगे से खतम क‌s सकेला , झुर्री आ उमिर के धब्बा के कम क‌s सकेला । आ स्ट्रेस बस्टर के रूपे में काम क‌s सकेला।

2. बेहतर पाचन में मददगार

पपीता पपेन आ डायटरी फाइबर के एगो बड़हन स्रोत हs। यूएसडीए के अनुसार, इs दुनों पाचन तंत्र खातिर अच्छा हs, पाचन में मदद करेला आ सीना में जलन, एसिड रिफ्लक्स, अपच आ अल्सर सहित कईगो कंडिशन में फायदेमंद होला ।

3. बार खातिर फायदेमंद

पपीता से मिले वाला फोलिक एसिड ब्लड सर्कुलेशन आ बार के ग्रोथ के खातिर अच्छा होला, लेकिन अध्ययन से पता चलल हs कि बार के झड़ले पs एकर बहुत कम प्रभाव पड़ेला। फोलिक एसिड ऑलओवर हेल्थ के खातिर फायदेमंद हs।

4. इम्यून सिस्टम के खातिर असरदार

पपीता के रस फ्री रेडिकल्स के खत्म क‌s के इम्यूनिटी के मजबूत क‌s सकेला । खास कs के जब एके अच्छा नींद, एक्सरसाइज, हाइड्रेशन, तनाव में कमी आ हाई क्वालिटी वाला डाइट के साथे जोड़ल जाला।

5. वजन घट‌वलें में मददगार

पपीता एगो नेचुरल वेट लॉस करे वाला फल हs। ई लो कैलोरी आ हाई फाइबर वाला फल हs आ एमें एंटीऑक्सिडेंट होला जवन सूजन के कम क‌इलें आ मोटापा के तेजी से कम क‌इले में मदद क‌s सकेना।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.