जवन होटल में पीछे के दरवाजा से घुसत रहले पंकज त्रिपाठी, सालन बाद पहुंचले, भइल जमके स्वागत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

    अपना काम आ प्रतिभा के आधार पs बॉलीवुड में आपन नाम बनावे वाला अभिनेता पंकज त्रिपाठी के संघर्ष काफी रोचक रहल बा. अभिनय में आवे से पहिले पंकज बिहार के पटना के एगो

Share

पंकज त्रिपाठी अभिनेता

 

 

अपना काम आ प्रतिभा के आधार पs बॉलीवुड में आपन नाम बनावे वाला अभिनेता पंकज त्रिपाठी के संघर्ष काफी रोचक रहल बा. अभिनय में आवे से पहिले पंकज बिहार के पटना के एगो होटल में काम करत रहले। 90 के दशक में उs पटना के मौर्या होटल में किचन सुपरवाइजर के काम करत रहले। उनुकर कहल बा कि ‘अंधा कानून’ फिलिम देख के उनुकर एक्टिंग से प्यार बढ़ल रहे.

हाल ही में पंकज अपना पुरान होटल में काम करत घरी अपना दिन के याद करत एगो घटना बतवले। संगही उs बतवले कि उs अबे ले ओ लोग के संपर्क में बाड़े, जेकरा संगे उs ओ होटल में काम कईले रहले। पंकज हाल ही में ओही होटल में पहुंचल रहले, जहां उनुका संगे कुछ अयीसन भईल जवना से उनुका आंख लोर से भर गईल।

 जब ‘कालीन भैया’ रो दिहले

पब्लिक मीडिया के एगो कार्यक्रम में मौजूद पंकज त्रिपाठी कहले कि, ‘एह आयोजन में आवे से पहिले हम करीब 15 होटल के कर्मचारी से मिलनी, जहां हम पहिले काम कईले रहनी।’ उहाँ विक्रांत मैसी से भी मुलाकात भईल अउरी उहाँ मौजूद सब स्टाफ मेम्बर उनके बतवले कि हम ओह लोग के साथे कईसे काम करत रहनी।

आपन होटल के दिन के याद करत उs कहले कि, ‘पहिले हम होटल में पीछे के दरवाजा से घुसत रहनी, जहां से आज होटल के बाकी कर्मचारी प्रवेश करेले। आज ओही होटल के मेन गेट से एंट्री मिलल आ जर्नल मैनेजर साहब हमार स्वागत करे खातिर खड़ा रहले। ऊ पल हमरा के भावुक कs दिहलस। तs ई सब याद अचानक आँख के सोझा आके हमरा के विश्वास करावेला कि जीवन में कुछुओ संभव बा। मेहनत आ ईमानदारी से रउरा आपन सगरी सपना पूरा कss सकीलें.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.