Pak Conspiracy Exposed : पाकिस्तान के एगो आउर साजिश नाकाम, दिल्ली पुलिस पकड़लस हथियारन के जखीरा; चार आरोपी गिरफ्तार

By Shweta Supriya

Published on: Nov 22, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच अंतरराष्ट्रीय हथियार सिंडिकेट के खुलासा करत गिरोह के चार सदस्यन के गिरफ्तार कइलस। ई सिंडिकेट पाकिस्तान से ड्रोन के जरिए भारत में चाइनीज आ तुर्किये मेड पिस्टल मंगवा

Share

Delhi Police foils Pakistan-linked conspiracy, seizes huge illegal arms cache and arrests four accused

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच अंतरराष्ट्रीय हथियार सिंडिकेट के खुलासा करत गिरोह के चार सदस्यन के गिरफ्तार कइलस। ई सिंडिकेट पाकिस्तान से ड्रोन के जरिए भारत में चाइनीज आ तुर्किये मेड पिस्टल मंगवा के कुख्यार गैंगस्टरन के गिरोहन के आपूर्ति करत रहे।

दिल्ली पुलिस के मोताबिक, पाकिस्तानी ISI से जुड़ल इंटरनेशनल हथियार तस्करी गैंग के चार आरोपियन के पहचान अजय, मंदीप, दलविंदर आ रोहन के तौर पs भइल। ई गैंग पाकिस्तान के रास्ता भारत में तुर्किए आ चीन में बनल महंगा पिस्तौल सप्लाई करत रहे। हथियार पाकिस्तान से ड्रोन के माध्यम से गिरावल जात रहे आ फेर ओकरा के दोबारा बेच दिहल जात रहे।

पुलिस 10 महंगा बिदेसी पिस्तौल आ 92 कारतूस बरामद कइल गइल। ओकनी के दिल्ली आ आस-पास के राज्यन में अपराधियन आ गैंगस्टर के हथियार सप्लाई करेलें। गिरफ्तार कइल गइल आरोपियन में से 2गो पंजाब के हवे सs।

लाल किला के लगे विस्फोट के बाद भइल गिरफ्तारी

दिल्ली में ई गिरफ्तारी बीतल 10 नवंबर के लाल किला के लगे भइल धमाका के जांच के बाद सामने आइल बा। जांच एजेंसी अपना निगरानी आउर तेज कs देलस। संदिग्ध गतिविधियन पs कड़ा नजर रखल जा रहल बा। आरोपियन से पूछताछ कइल जा रहल बा।

Read Also: Nitish Kumar Cabinet : नीतीश कैबिनेट में 9 आउर मंत्रियन के गुंजाइश, JDU के ‘अतिथि’ विधायकन के इंतजार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.