5.8 तीव्रता के भूकंप से थर्राइल पाकिस्तान, घरन से बाहर भगले लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2025

पाकिस्तान के जमीन आजु शनिचर के दिने 5.8 तीव्रता के भूकंप से काँप गइल. धरती के हिलत महसूस करत लोग घर से बाहर भागे लागल। कुछ ही देर में सड़क पs भारी संख्या में लोग

Share

भूकंप से थर्राइल पाकिस्तान

पाकिस्तान के जमीन आजु शनिचर के दिने 5.8 तीव्रता के भूकंप से काँप गइल. धरती के हिलत महसूस करत लोग घर से बाहर भागे लागल। कुछ ही देर में सड़क पs भारी संख्या में लोग जुट गईल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केन्द्र के मुताबिक दुपहरिया एक बजे भूकंप आईल। एकर केंद्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे गहराई में रहे। अबे ले कवनो प्रकार के नुकसान के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल। अउरी विवरण के इंतजार बा। 

कहल जा रहल बा कि एकर असर भारत में भी देखाई पड़ल। बतावल जाता कि भूकंप के केंद्र पंजाब के अमृतसर से 415 किलोमीटर पश्चिम में बतावल जाता। जर्मन रिसर्च सेंटर फॉर जियोसाइंसेज (जीएफजेड) के कहनाम बा कि, भूकंप के केंद्र 10 किलोमीटर (6.21 मील) गहराई पs बा।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.