[the_ad_group id="30365"]

Pakistan Fuel Crisis : ‘हमनी के लगे एक दिन के पेट्रोल नइखे, भारत के इस्थिति हमनी से कहीं बेहतर’; पाक पेट्रोलियम मंत्री के छलकल दरद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। पश्चिम एशिया में चल रहल ईरान-अमेरिका युद्ध के चलते पाकिस्तान में ईंधन संकट गहरा गइल बा। पाकिस्तान के पेट्रोलियम मंत्री अली परवेज मलिक कहलें बाड़ें कि देस के लगे एक दिन खातिर रणनीतिक पेट्रोल भंडार नइखे।

पाकिस्तान के समा टीवी के इंटरव्यू में मलिक कहलें कि हालात बहुते गंभीर बा। उनकर कहनाम बा कि पाकिस्तान के लगे खाली पांच से सात दिन के कमर्शियल कच्चा तेल के भंडार बा। भारत से तुलना करत ऊ कहलें कि भारत के इस्थिति पाकिस्तान से कहीं बेहतर बा।

मलिक कहलें, “हमनी के लगे कवनो रणनीतिक तेल भंडार नइखे, बस कमर्शियल स्टॉक बा। ओहू में खाली 5-7 दिन के कच्चा तेल बचल बा आ तेल मार्केटिंग कंपनी (OMCs) के लगे जवन तइयार प्रोडक्ट बा, ऊ 20-21 दिन तक चल सकेला। हमनी के भारत जइसन नइखी सs, जवना के लगे 60-70 दिन के भंडार बा आ ऊ जरूरत पड़ते तुरंत इस्तेमाल कs सकेला।”

ऊ आगे बतवलें कि युद्ध के चलते पाकिस्तान में तेल भंडारण के कमी साफ-साफ सामने आ गइल बा। अब देस के जरूरत बा कि भंडारण क्षमता बढ़ावल जावs आ लमहर समय खातिर तइयारी मजबूत कइल जावs। एह विषय पs एगो विस्तृत रिपोर्ट बनावल गइल बा, बाकिर अभी तक ओकरा पs कवनो ठोस कार्रवाई नइखे भइल।

मंत्री इहो कहलें कि रणनीतिक भंडार बनावे में बहुत खरचा आई, जवन करोड़न डॉलर तक जा सकेला। संगही ऊ बतवलें कि अंतरराष्ट्रीय बाजार में तेल के दाम में भारी उतार-चढ़ाव देखे के मिल रहल बा।

सरकार के तरफ से शाहबाज शरीफ के नेतृत्व में जनता के राहत देवे के कोसिस जारी बा आ जहां संभव बा, सब्सिडी देवे पs विचार कइल जा रहल बा।

भारत के मुकाबले पाकिस्तान अभी बहुत पीछे बा, काहे कि भारत के लगे पर्याप्त रणनीतिक पेट्रोलियम भंडार मवजूद बा, जबकि पाकिस्तान के लगे अभी ई सुविधा सीमित बा।

Read Also: 29 अप्रिल 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]