29 अप्रिल 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2026

दिनांक- 29/04/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग बैशाख कृष्ण पक्ष तिथि- त्रयोदशी सांझ के 07 बजके 51 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्दशी। दिन- बुध। हस्त नक्षत्र दिन के 12 बजके 16 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 29/04/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

सांझ के 07 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बुध।

हस्त नक्षत्र

दिन के 12 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद चित्रा नक्षत्र।

हर्षण जोग

रात के 08 बजके 51 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 30/04/2026

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात के 09 बजके 12 मिनट ले।

दिन- बियफे।

 चित्रा नक्षत्र

रात के 02 बजके 16 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन के 08 बजके 54 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम में तेजी आई। नौकरी आ बिजनेस में फायदा हो सकेला। परिवार के सहजोग मिली, बाकिर खीस पs काबू रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन लाभ के जोग बा। पुरान रुकल काम पूरा हो सकेला। सेहत पs ध्यान देला के जरूरत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। नया काम सुरू करे से पहिले सलाह जरूर लीं। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुसी के माहौल रही। नौकरी में प्रमोशन भा तारीफ मिल सकेला। खरचा तनिका बढ़ सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। बिजनेस में लाभ मिली। बाकिर दूसरन से बहस से बचीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के दबाव रह सकेला, बाकिर मेहनत रंग ले आई। स्वास्थ्य ठीक रही, बस खान-पान पs ध्यान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन सामान्य रही। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। नया मवका मिल सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धन के इस्थिति मजबूत हो सकेला। परिवार में कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। जोखिम वाला काम से बचीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। नौकरी-बिजनेस में तरक्की के जोग बा। जतरा सफल रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

तनिका सावधान रह के काम करीं। आर्थिक ममिला में सोच-समझ के फैसला लीं। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना बन सकेला। संघतिया लोगन से मदद मिली। निवेश सोच-समझ के करीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन बढ़िया रही। मन प्रसन्न रही। काम में सफलता मिली आ परिवार में खुसहाली बनल रही।

Read Also : Mumbai Crime : नाम आ धरम पूछलस, फेर कलमा पढ़े के कहलस… मुंबई में गार्ड पs चाकू से हमला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.