Pahalgam terror attack : भारत पांच बड़ फैसला लिहलस, अटारी बॉर्डर बंद, सिंधु जल समझौता भी टूटल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2025

जम्मू कश्मीर के पहलगाम घाटी पs भईल आतंकी हमला के बाद भारत बहुत महत्वपूर्ण फैसला लेले बा। एह हमला में 26 लोग के मउत हो गइल जवना में से अधिकतर पर्यटक रहले. एह हमला के

Share

जम्मू कश्मीर के पहलगाम घाटी पs भईल आतंकी हमला के बाद भारत बहुत महत्वपूर्ण फैसला लेले बा। एह हमला में 26 लोग के मउत हो गइल जवना में से अधिकतर पर्यटक रहले. एह हमला के बाद भारत सरकार जवाबी पाँच गो बड़हन फैसला लिहले बिया. भारत सगरी पाकिस्तानी नागरिकन के देश छोड़े के कहले बा. एकरा संगे अटारी बॉर्डर बंद कs के सिंधु जल संधि रद्द हो गईल बा। पाकिस्तानी नागरिकन के वीजा बंद कs दिहल गइल बा आ उच्चायोग में कर्मचारी के संख्या 55 से घट के 30 कs दिहल जाई. 

सरकार के 5 बड़ फैसला

पहिला फैसला


1960 के सिंधु जल संधि के तब ले रोकल गईल जब ले कि पाकिस्तान सीमा पार से आतंकवाद के समर्थन बंद ना कs देलस।

दूसरा फैसला

अटारी-वाघा चेक पोस्ट के तत्काल प्रभाव से बंद करे के रहे। वैध दस्तावेज लेके पार कs चुकल लोग के एक मई से पहिले वापस आवे के कहल गईल।

तीसरा फैसला

SAARC वीजा छूट योजना (एसवीईएस) के तहत पाकिस्तानी नागरिक के भारत में प्रवेश ना दिहल जाई। पहिले जारी सगरी एसवीईएस वीजा रद्द कs दिहल जाई. एसवीईएस वीजा से भारत में पहिले से मौजूद पाकिस्तानी नागरिकन के अगिला 48 घंटा के भीतर भारत छोड़े के पड़ी.

चउथा फैसला

दिल्ली में पाकिस्तान उच्चायोग में तैनात रक्षा आ सैन्य सलाहकारन के ‘पर्सोना नॉन ग्राटा’ घोषित कs दिहल गइल बा. एक हफ्ता के भीतर उनुका के भारत छोड़े के आदेश दिहल गईल। एही तरे भारत अपना रक्षा सलाहकारन के इस्लामाबाद से वापस बोला ली. एह तरह के पांच गो सहायक कर्मचारी के भी वापस बोलावल जाई। अब एह पदन के शून्य मानल जाई.

पांचवा फैसला


दुनो उच्चायोग में कर्मचारी के संख्या 55 से घट के 30 करे के फैसला भईल बा, इs कमी 1 मई 2025 ले प्रभावी होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.