पहलगाम आतंकी हमला पs भारत के मिलल अमेरिका के समर्थन, राष्ट्रपति ट्रंप कहले- ‘That was a bad one’

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

पहलगाम हमला के बाद पूरा भारत के पूरा दुनिया से समर्थन मिल रहल बा। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप भी पहलगाम हमला के निंदा कईले बाड़े। उs बहुत कठोर लहजा में कहले – ‘That was a

Share

ट्रंप

पहलगाम हमला के बाद पूरा भारत के पूरा दुनिया से समर्थन मिल रहल बा। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप भी पहलगाम हमला के निंदा कईले बाड़े। उs बहुत कठोर लहजा में कहले – ‘That was a bad one…. ट्रंप व्हाइट हाउस के ओर से जारी एगो ऑडियो संदेश में एs हमला के कड़ा निंदा कईले।’ कहलन कि ई एगो बुरा हमला हs आ कश्मीर सीमा पs हमेशा से तनाव रहल बा. साथही उनुका इहो भरोसा लउकत रहे कि दुनु देश कवनो ना कवनो तरीका से एकर समाधान करीहें.

हमरा पूरा विश्वास बा कि दुनो लोग मिल के एs मुद्दा के समाधान करीहे

डोनाल्ड ट्रंप कहले कि, ‘हम भारत के बहुत करीबी बानी अवुरी पाकिस्तान के बहुत करीबी बानी, अवुरी एक हजार साल से उs लोग कश्मीर में लड़त बाड़े। कश्मीर हजार साल से चलत बा, शायद एकरा से भी जादा समय से। ऊ तs बुरा हमला रहे.. ओह सीमा पs 1500 साल से तनाव बा, लेकिन हमरा पूरा विश्वास बा कि उs लोग एकरा के कवनो ना कवनो तरीका से सुलझा दिहे। दुनु नेता के हम जानत बानी। पाकिस्तान आ भारत के बीच बहुत तनाव बा.

तुलसी गबार्ड भी एह हमला के निंदा कईले

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से पहिले अमेरिकी राष्ट्रीय खुफिया निदेशक तुलसी गबार्ड पहलगाम हमला के कड़ा निंदा कइले रहली. उs एकरा के इस्लामी आतंकी हमला बतवली । उनुका के हिन्दू शिकार कहल गइल बा. तुलसी गबार्ड अपना ट्वीट में लिखले बाड़ी कि इस्लामी आतंकी हमला अवुरी 26 हिन्दू के हत्या के मुद्दा पs उs भारत के संगे बाड़ी। तुलसी गबार्ड लिखली कि उनुकर सहानुभूति मारल गईल लोग के परिवार, भारत के जनता अवुरी प्रधानमंत्री मोदी के संगे बा। एह क्रूर हमला के जिम्मेदार लोग के पकड़े में अमेरिका भारत के पूरा सहायता करी.

ईरान तनाव कम करे के निहोरा करत बा

पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत आ पाकिस्तान के बीच बढ़त तनाव का बीच ईरान दुनु देश से तनाव कम करे के निहोरा कइलस. सऊदी अरब भी भारत आ पाकिस्तान के बीच दुश्मनी पs चिंता जतवलस आ ओकर विदेश मंत्री अपना भारतीय आ पाकिस्तानी समकक्षन से फोन पs बातचीत कइलन. ईरान के विदेश मंत्री सैयद अब्बास अराघची सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट में कहले कि, “भारत अवुरी पाकिस्तान ईरान के पड़ोसी हवे, जवना के सदियन से पुरान सांस्कृतिक अवुरी सभ्यता संबंध बा। बाकी पड़ोसी देश निहन हमनी के भी एकरा के आपन सर्वोच्च प्राथमिकता मानतानी।” अराघची कहले कि तेहरान इस्लामाबाद अवुरी नई दिल्ली में अपना कार्यालय के इस्तेमाल एs कठिन समय में दुनो के बीच बेहतर समझदारी बढ़ावे खातीर तैयार बा। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.