नदी में मिलल पद्मश्री से सम्मानित कृषि वैज्ञानिक के शव, कई दिन से रहले लापता; जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2025

कर्नाटक के मंड्या जिला में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। कृषि वैज्ञानिक आ पद्मश्री से सम्मानित डॉ. सुब्बान्ना अय्यप्पा के शव एहिजा मिलल बा. बतावल जाता कि पछिला कई दिन से उs लापता

Share

नदी में मिलल पद्मश्री से सम्मानित कृषि वैज्ञानिक के शव

कर्नाटक के मंड्या जिला में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। कृषि वैज्ञानिक आ पद्मश्री से सम्मानित डॉ. सुब्बान्ना अय्यप्पा के शव एहिजा मिलल बा. बतावल जाता कि पछिला कई दिन से उs लापता रहले। उनुकर शव नदी से बरामद हो चुकल बा। उनकर स्कूटर भी नदी के किनारे मिलल बा। उनुका पीछे पत्नी अवुरी दु बेटी बाड़ी। फिलहाल पुलिस टीम एs मामला में मामला दर्ज कs लेले बिया। एकरा अलावे मामला के जांच कईल जाता। 

कावेरी नदी में मिलल शव

जानकारी के मुताबिक, प्रसिद्ध कृषि वैज्ञानिक अवुरी पद्मश्री से सम्मानित डॉ. सुब्बान्ना अय्यप्पा (70) कुछ दिन पहिले लापता हो गईल रहले। अब शनिचर के साँझ पुलिस श्रीरंगपटना के साईं आश्रम के लगे कावेरी नदी से ओकर शव बरामद कs लिहलस. डॉय सुब्बान्ना मैसूर के विश्वेश्वराय नगर औद्योगिक क्षेत्र में अपना पत्नी के संगे रहत रहले। बतावल जाता कि 7 मई के उs अपना घर से लापता हो गईल रहले। उनुका परिवार में उनुकर पत्नी अवुरी दु बेटी भी शामिल बाड़ी। फिलहाल श्रीरंगपटना पुलिस एs मामला में मामला दर्ज कs लेले बिया। एकरा अलावे पुलिस टीम मउत के कारण के जांच में व्यस्त बिया।

इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.