पद्मश्री सम्मानित दिग्गज अभिनेता साधु मेहर के निधन, प्रधानमंत्री मोदी जतइलें दुख

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2024

हिंदी आ ओडिया दुनु फिल्म इंडस्ट्री में आपन छाप छोड़े वाला दिग्गज अभिनेता आ निर्देशक साधु मेहर के सुक के दिने 84 बरीस के उमिर में मुंबई में निधन हो गइल। मशहूर अभिनेता, निर्देशक आ

Share

हिंदी आ ओडिया दुनु फिल्म इंडस्ट्री में आपन छाप छोड़े वाला दिग्गज अभिनेता आ निर्देशक साधु मेहर के सुक के दिने 84 बरीस के उमिर में मुंबई में निधन हो गइल। मशहूर अभिनेता, निर्देशक आ पद्मश्री से सम्मानित साधु मेहर के निधन के खबर सुन के फिल्म इंडस्ट्री के ना बलुक उनुका प्रशंसकन के भी बहुत बड़ झटका लागल बा। मेहर के प्रशंसक आ फिल्म इंडस्ट्री के स्टार भी श्रद्धांजलि दे रहल बाड़े। प्रधानमंत्री मोदी भी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कs के अनुभवी अभिनेता साधु मेहर के निधन पs दुख जतवले बाड़े।

हिंदी आ ओडिया दुनु फिल्म इंडस्ट्री में आपन छाप छोड़े वाला दिग्गज अभिनेता आ निर्देशक साधु मेहर के सुक के दिने 84 बरीस के उमिर में मुंबई में निधन हो गइल। मशहूर अभिनेता, निर्देशक आ पद्मश्री से सम्मानित साधु मेहर के निधन के खबर सुन के फिल्म इंडस्ट्री के ना बलुक उनुका प्रशंसकन के भी बहुत बड़ झटका लागल बा। मेहर के प्रशंसक आ फिल्म इंडस्ट्री के स्टार भी श्रद्धांजलि दे रहल बाड़े। प्रधानमंत्री मोदी भी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर क के अनुभवी अभिनेता साधु मेहर के निधन पs दुख जतवले बाड़े।

साधु मेहर के निधन

साधु मेहर के निधन के खबर से सभके झकझोर दिहलस। ओडिशा के बौध जिला के मनामुंडा के रहे वाला मेहर उड़िया सिनेमा में काम करे से पहिले 1969 में ‘भुवन शोम’, ‘अंकुर’ अवुरी ‘मृगया’ जईसन हिंदी फिल्म से आपन कैरियर सुरू कईले रहले। पांच साल बाद 1974 में श्याम बेनेगल के हिंदी फिल्म ‘अंकुर’ में मुख्य भूमिका खातिर एह अभिनेता के सम्मानित कइल गइल। मेहर के हिंदी के अउरी फिलिमन जइसे कि ‘’27डाउन’ (1974), ‘मंथन’ (1976) और ‘इंकार’ (1977) में भी भूमिका खातिर जानल जात रहे।

पीएम मोदी दुख जतवले

एकरा के पोस्ट करत प्रधानमंत्री मोदी लिखले कि श्री साधु मेहर जी के निधन फिल्म इंडस्ट्री अवुरी हमनी के सांस्कृतिक विरासत खातीर गहरा नुकसान बा। हिंदी आ उड़िया दुनु सिनेमा एह दिग्गज अभिनेता के सिनेमाई समर्पण खातिर हमेशा याद राखत रही। एह अपूरणीय क्षति के शोक मनावे वाला उनुका परिवार, साथी आ कईगो प्रशंसकन के प्रति हमार संवेदना बा। उनुका याद में हमनी का उनुका छोड़ल समृद्ध कलात्मक विरासत के सम्मान करत बानी जा। शांति।’

पद्मश्री के ओर से दिग्गज अभिनेता साधु मेहर के सम्मानित कईल गईल

साधू मेहर ओडिशा के पहिला व्यक्ति बनले जेकरा सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल। उनुका के ‘अंकुर’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के राष्ट्रीय फिलम पुरस्कार मिलल। मनोरंजन के क्षेत्र में आजीवन योगदान खातिर 2017 में पद्मश्री से सम्मानित भी भइल रहे। 2011 में ओडिशा सरकार के ओर से उनुका के जयदेव सम्मान से सम्मानित कईल गईल रहे। मेहर कई गो बंगाली फिलिमन में भी अभिनय कइलें, जवना में बुद्धदेव दासगुप्ता, संदीप रे आ उत्पलेंदु चक्रवर्ती के निर्देशन में बनल फिलिमन भी शामिल बा। 1989 में सब्यसाची महापात्रा के संबलपुरी भाषा के फिलिम ‘भुखा’ में मेहर के किरदार के बहुते सराहल गइल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.