ट्रंप के आग्रह पs PM मोदी लगवले फोन, 35 मिनट ले दुनु नेता लोग के बीच का भइल बात?

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2025

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ऑपरेशन सिंदूर पs अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से फोन पs बात कईले बाड़े। दुनो नेता करीब 35 मिनट ले बातचीत कईले। ट्रंप के निहोरा पs आजु दुनो नेता फोन पs बात कईले।

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ऑपरेशन सिंदूर पs अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप से फोन पs बात कईले बाड़े। दुनो नेता करीब 35 मिनट ले बातचीत कईले। ट्रंप के निहोरा पs आजु दुनो नेता फोन पs बात कईले। एह बातचीत के दौरान ट्रंप कनाडा से पीएम मोदी के अमेरिका बोलावत रहले, बाकिर आगे के दौरा के चलते पीएम अपना व्यस्तता के चलते अमेरिका आवे से इनकार कs देले।

बता दीं कि ऑपरेशन सिंदूर के बाद युद्धविराम के लेके चलत रस्साकशी के बीच दुनो नेता के बीच इs पहिला सीधा बातचीत रहे|

कवन-कवन मुद्दा पs चर्चा भईल?

विदेश सचिव मिसरी कहले कि पीएम मोदी आतंकवाद के लेके भारत के नजरिया पेश कईले। दुनों नेता पहलगाम आतंकी हमला के बाद भारत अवुरी पाकिस्तान के बीच तनाव के बारे में भी चर्चा कईले। मिसरी कहले कि आतंकवाद के खिलाफ भारत के ऑपरेशन सिंदूर जारी बा अवुरी एकरा पs पीएम मोदी ट्रंप से भी बात कईले। दुनो नेता इजरायल-ईरान के तनाव पs भी चर्चा कईले। संगही उs कहले कि भारत केहु के मध्यस्थता के कबूल नईखे कईले। अमेरिका से युद्धविराम पs कवनो बात ना भईल|

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.