Operation Sindoor: ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के बाद से पाकिस्तान में खौफ, लाहौर में बजल जंगी सायरन

By Anurag Ranjan

Published on: May 8, 2025

हालांकि भारत 22 अप्रैल के पहलगाम में 6-7 मई के रात में भईल आतंकी हमला के बदला लेले रहे, बाकिर अबे ले उs ऑपरेशन सिंदूर खतम होखे के घोषणा नईखे कईले। एकरा चलते पाकिस्तान में

Share

Operation Sindoor

हालांकि भारत 22 अप्रैल के पहलगाम में 6-7 मई के रात में भईल आतंकी हमला के बदला लेले रहे, बाकिर अबे ले उs ऑपरेशन सिंदूर खतम होखे के घोषणा नईखे कईले। एकरा चलते पाकिस्तान में दहशत मचल बा। पाकिस्तान लगातार एलओसी पs गोलीबारी करतिया। बियफ़ें के भी पाकिस्तान एलओसी पs गोला अवुरी मोर्टार चला देलस। हालांकि कवनो जानमाल के नुकसान ना भईल। अधिकांश लोग बियफ़ें के सीमावर्ती इलाका से निकल के सुरक्षित जगह पs गईले। 

एकरा से पहिले 6-7 मई के रात भारत मिसाइल हमला में पाकिस्तान में हाफिज सईद अवुरी मसूद अजहर के आतंकी ठिकाना के तबाह कs देले रहे। पाकिस्तान में लश्कर-ए-तैयबा, जैश-ए-मोहम्मद आ हिजबुल मुजाहिद्दीन के आतंकी छिपल जगहन पs भइल भारी बमबारी के चलते हंगामा मचल बा. पाकिस्तान एह हमला के भारत से बदला लेबे के धमकी देत ​​बा. इहाँ भारतीय सेना भी पाकिस्तान के जवाब देवे खातीर तैयार बिया। एही बीच अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप पाकिस्तान पs भारत के हमला पs एगो बड़ बयान देके कहले कि – भारत जइसे के बदला तइसे देला।

राजनाथ सिंह के अध्यक्षता में सभ पार्टी के बैठक चल रहल

‘ऑपरेशन सिंदूर’ के बाद सर्वदलीय बैठक शुरू हो गईल बा। एह बइठक के अध्यक्षता रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह करत बाड़न. एह बइठक में शामिल होखे खातिर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे आ राहुल गांधी चहुँप गइल बाड़न. एह बइठक में सरकार एह अभियान से जुड़ल जानकारी साझा कर सकेले.

पाकिस्तान कुछ ना कs सकेला : संदीप दीक्षित

कांग्रेस नेता संदीप दीक्षित ‘ऑपरेशन सिंदूर’ पs कहले कि, ‘काल्ह हमनी के ओ लुकाईल जगह पs हमला कईनी, जहां आतंकी गतिविधि होखत रहे। इs सब पाकिस्तान के राज्य प्रायोजित आतंकवाद से जुड़ल बा। पाकिस्तान कुछ नइखे कs सकत, अगर हमला करी तs ओकरा के अइसन टुकड़ा-टुकड़ा कs दिहल जाई जवना के ऊ कल्पना भी ना कs सके.

सेना प्रेस ब्रिफिंग कs सकेले

हो सकेला कि देश के सेना ‘ऑपरेशन सिंदूर’ के बाद आजु एक बेर फेरू प्रेस ब्रिफिंग करावे. एह में वर्तमान स्थिति के बारे में जानकारी दिहल जा सकेला।

पाकिस्तान के ‘मिसाइल’ हमला के भारत नाकाम कs दिहलस

पाकिस्तान के मिसाइल हमला के भारत नाकाम कs दिहले बा. पाकिस्तान मिसाइल चलावे के कोशिश कईलस, बाकिर ओकरा के हवा में गिरावल गईल। अमृतसर के लगे पाकिस्तानी मिसाइल नष्ट हो गइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.