छपरा के रास्ते गोरखपुर-रांची त्योहार स्पेशल एक नवंबर से चली, यात्रियन के मिली सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 24, 2024

आवे वाला त्योहार पs छपरा आ आसपास के यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। छपरा के रास्ते रांची से गोरखपुर तक विशेष ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। ट्रेन संख्या 18629/18630 गोरखपुर-रांची-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस

Share

प्रतिकात्मक तस्वीर।

आवे वाला त्योहार पs छपरा आ आसपास के यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। छपरा के रास्ते रांची से गोरखपुर तक विशेष ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। ट्रेन संख्या 18629/18630 गोरखपुर-रांची-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस के नियमित संचालन रांची से एक नवंबर 2024 से हर सुक के आ गोरखपुर से 2 नवंबर से हर सनीचर के होई।

ट्रेन गोरखपुर से रांची आ रांची से गोरखपुर के बीच चली। ट्रेन पटना होत रांची जाई। ट्रेन के संचालन होखे से यात्रियन के बहुते सुविधा होई। ई ट्रेन जिला के छपरा आ दिघवारा स्टेशन पs रुकी।

गोरखपुर से रांची जाये वाला मौर्य एक्सप्रेस के विस्तार कs  के उड़ीसा तक चलावल जा रहल बा। जवना से ट्रेन में बहुत भीड़ रह रहल बा। यात्रियन के रिजर्वेशन मिले में परेसानी होत रहे। यात्रियन के हो रहल परेसानी के देखत गोरखपुर से रांची के बीच एगो ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा।

झाझा ​​​​​​-मोकामा के रास्ते चली ट्रेन

ट्रेन 18629 रांची-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस एक नवंबर से हर सुक के 16:50 बजे रांची से प्रस्थान कs के मूरी से 18:30 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 19:48 बजे, चन्द्रपुरा से 20:23 बजे, धनबाद से 21:45 बजे, चित्तरंजन से 23:18 बजे, जामताड़ा से 23:33 बजे, दूसरका दिन मधुपुर से 00:03 बजे, जसीडीह से 00:34 बजे, झाझा से 1:50 बजे, किऊल से 2:42 बजे, मोकामा से 3:12 बजे, पटना साहिब से 4:27 बजे, पटना से 5:05 बजे, पाटलिपुत्र से 5:45 बजे, दिघवारा से 6:43 बजे, छपरा से 7:40 बजे, सीवान से 8:35 बजे,भटनी से 9:35 बजे आ देवरिया सदर से 10 बजके छूटके गोरखपुर 11:30 बजे पहुंची।

जसीडीह ​​​​​-जामताड़ा के रस्ता होई ट्रेन के परिचालन

वापसी यात्रा में 18630 गोरखपुर-रांची साप्ताहिक एक्सप्रेस दु नवंबर से हर सनीचर के गोरखपुर से 15:30 बजे प्रस्थान कs देवरिया सदर से 16:40 बजे, भटनी से 17 बजे, सीवान से 17:45 बजे, छपरा से 19:10 बजे, दिघवारा से 19:58 बजे, पाटलिपुत्र से 21:20 बजे, पटना से 22:10 बजे, पटना साहिब से 22:30 बजे, मोकामा से 23:22 बजे, दूसरका दिन किऊल से 00:04 बजे, झाझा से 1:45 बजे, जसीडीह से 2:19 बजे, मधुपुर से 2:46 बजे, जामताड़ा से 3:20 बजे, चितरंजन से 3:33 बजे, धनबाद से 5:05 बजे, चन्द्रपुरा से 6:22 बजे, बोकारो स्टील सिटी से 7:05 बजे आ मूरी से आठ बजे छूटके रांची 9:25 बजे पहुंची।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.