गोपालगंज। श्रीपुर आ गोपालपुर थाना क्षेत्र के सीमा पs इस्थित सवनही पट्टी गांव में सनिचर के दुपहरिया एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। शौचालय के टंकी के अंदर उतरल चार कामगारन के दम घुटला से मौत हो गइल। चार लोगन के एक संगे मौत से गांव में कोहराम मच गइल। ओहिजा, कामगारन के बचावे के कोसिस में एगो जुवक घायल हो गइल, जवना के बेहतर इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल रेफर कइल गइल बा।
टंकी के सेंट्रिंग खोले अंदर उतरले रहलें कामगार
मिलल जानकारी के मोताबिक, सवनही पट्टी गांव निवासी गयासुद्दीन के घर शौचालय के टंकी के ढलाई करीब 15 दिन पहिले करावल गइल रहे। सनिचर के टंकी के सेंट्रिंग खोले खातिर चार कामगार अंदर उतर रहे लो।
मृतकन में सवनही पट्टी गांव निवासी रमाशंकर बैठा के बेटा बंटी बैठा, गयासुद्दीन मियां के बेटा टीपू, समयनहीं वृत्त गांव निवासी विश्वनाथ यादव के बेटा उमेश यादव आ श्रीपुर थाना क्षेत्र के गिदहा गांव निवासी एगो जुवक सामिल बतावल जा रहल बा।
एक-दूसरा के बचावे में बिगड़ल हालत
बतावल जा रहल बा कि टंकी के भीतर उतरला के कुछे देर बाद चारो कामगारन के हालत अचानक बिगड़े लागल। टंकी के भीतर दम घुटे लागल आ चारो लोग बेहोश हो गइल। घटना के जानकारी मिलते आसपास के लोग बचाव खातिर दउड़ पड़ल। एह दौरान कामगारन के बाहर निकाले के कोसिस में मंजूर खान के बेटा सिराज खान घायल हो गइलें।
अस्पताल पहुंचते डॉक्टर मृत घोषित कइलें
आनन-फानन में सब लोगन के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र फुलवरिया पहुंचावल गइल। अस्पताल में डॉक्टर जांच के बाद चारो कामगारन के मृत घोषित कs देलें। घायल सिराज खान के प्राथमिक इलाज के बाद हालत के देखत बेहतर इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल रेफर कs दिहल गइल।
पुलिस जांच में जुटल
हादसा के सूचना मिलते पुलिस घटनास्थल पs पहुंच गइल आ ममिला के जांच सुरू कs दिहलस। चारो मृतकन के शव पोस्टमार्टम खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल भेजल गइल बा। घटना के बाद पूरा गांव में मातम पसर गइल बा। मृतकन के परिवार के लोगन के रो-रोकर बुरा हाल बा। पुलिस हादसा के कारणन के पता लगावे खातिर पूरा ममिला के जांच करत बिया।






