एंटरटेनमेंट डेस्क। भोजपुरी रियलिटी शो ‘भोजपुरी बवाल’ के प्रीमियर के बाद भोजपुरी इंडस्ट्री में विवाद बढ़त देखाई दे रहल बा। शो में लगातार कलाकार लोग अपना निजी जिनगी आ करिअर से जुड़ल कइयन गो खुलासा करत नजर आ रहल बा। एही बीच अभिनेत्री काजल राघवानी अपना करिअर के एगो पुरान आ विवादित ममिला पs खुलके बात कइले बाड़ी।
एक समय पs चरचा रहे कि अभिनेता खेसारी लाल यादव काजल राघवानी के संगे मारपीट कइले रहलें आ उनकरा के टॉर्चर कइले रहलें। हालांकि, अब काजल एह दावन के खारिज करत साफ कहली कि खेसारी लाल यादव उनका के नइखन मरले।
काजल राघवानी कहली- खेसारी ना मरले रहलें
‘भोजपुरी बवाल’ के हालिया प्रोमो में होस्ट शुभांकर मिश्रा काजल राघवानी से मारपीट के घटना के बारे में सवाल करत नजर आ रहल बाड़ें। बातचीत के दौरान जब खेसारी लाल यादव के नाम लिहल गइल, तs काजल साफ कहली, “खेसारी जी ने मुझे नहीं मारा है।”
एकरा बाद शुभांकर मिश्रा सवाल कइलें कि आखिर उनका के के मरले रहे आ का ऊ ओकर नाम बतइहें? जवाब में काजल कहली कि जब ऊ अपना खातिर लड़ाई लड़े के हिम्मत जुटा लेले बाड़ी, तs जरूरत पड़ला पs ऊ संबंधित व्यक्ति के नामो ले लिहें।
काजल के मिल चुकल बा गायब करे के धमकी
काजल राघवानी दावा कइली कि जवना व्यक्ति के बारे में ऊ बात कर रहल बाड़ी, ऊ उनका के धमकी दे चुकल बा। अभिनेत्री के मोताबिक, उनका के मुंबई से गायब कs देवे के धमकी मिलल रहे। काजल कहली कि ऊ अपना परिवार के सुरक्षा के लेके चिंतित बाड़ी आ नइखी चाहत कि उनका परिवार के कवनो नुकसान होखे। एह वजह से ऊ फिलहाल व्यक्ति के नाम सार्वजनिक नइखी कs रहल।
काजल बातचीत के दौरान इहो साफ कइली कि एह ममिला में पवन सिंह आ खेसारी लाल यादव के कवनो हाथ नइखे।
खेसारी-काजल के बीच पहिले से रहल बा विवाद
काजल राघवानी आ खेसारी लाल यादव के बीच विवाद के चरचा साल 2021 से होखत आइल बा। एगो फिल्म इवेंट के दौरान खेसारी लाल यादव कहलें कि अब ऊ काजल राघवानी के संगे फिलिम भा कवनो आउर प्रोजेक्ट में काम ना करिहें।
एकरा बाद काजल कहली कि उनका स्टारडम में खेसारी लाल यादव के जोगदान नइखे, बलुक पवन सिंह के गाना के भूमिका रहल बा। एह बयान के बाद दुनु कलाकारन के बीच विवाद आउर गरम हो गइल।
अब काजल के मारपीट वाला बयान सामने अइला के बाद सोशल मीडिया पs तरे-तरे के चरचा हो रहल बा। हालांकि, अभिनेत्री खुद साफ कs चुकल बाड़ी कि एह घटना में खेसारी लाल यादव के हाथ नइखे।
Read Also: Neeraj Chopara : नीरज चोपड़ा एशियन गेम्स से भइलें बाहर, चोट के चलते बाकी सीजन में ना खेलिहें






