गोरखपुर: DAV पी.जी.कॉलेज में “अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस” के अवसर पs आयोजित भइल एकदिवसीय कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 9, 2025

काल्ह शनिचर के डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में “अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस” के अवसर पs एकदिवसीय कार्यक्रम

Share

DAV पी.जी.कॉलेज

काल्ह शनिचर के डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में “अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस” के अवसर पs एकदिवसीय कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम के तहत प्रातः महाविद्यालय से साहिबगंज आ बक्शीपुर के आसपास के क्षेत्र में सभ स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग मिलके महिला सशक्तिकरण हेतु रैली निकलल। “हर महिला है दुर्गा का रूप, यह बदलेगी देश का स्वरूप” जइसन नारा लगावल गइल। बौद्धिक परिचर्चा सत्र में सभ के मनोबल बढ़ावत नारी शक्ति के रूप में श्रीमती दीपमंजरी पांडे आ श्रीमती प्रियंका यादव,नगर निगम,थाना कोतवाली,गोरखपुर से हम सभ के बीच उपस्थित रहले.

इहो पढ़ीं::सबेरे-सबेरे: करीं इs योगासन, लिवर के कमजोरी के करी दूर

“बेटा अगर मां बाप के सहारा बन सकेले तs बेटी काहें नाहीं?” – दीपमंजरी पांडे

एह मौका पs मुख्य अतिथि सभे स्वयंसेवक के प्रेरित करत कहले कि “आज के वर्तमान परिदृश्य में हमनी के सभ बेटी के अपना परिवार के सदस्य के भरोसा देवे के होई कि उs लोग बेटा के रूप में मान- सम्मान के रक्षक अवुरी संरक्षक के बराबर बानी। आज सभ बेटी के आपन अधिकार के संगे कर्तव्य के भी सुनिश्चित करे के होई ताकि उs दिन जल्दी आ सके जब महिला सशक्तिकरण जईसन अभियान के जरूरत ना पड़ी।” सभका के बधाई देत प्रख्यात प्राचार्य प्रो शैल पाण्डेय कहली कि अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस नारी के बढ़ावा देबे के पक्ष में नइखे, बलुक एहमें स्त्री-पुरुष के समाज के बराबर अंग के रूप में देखे के परिप्रेक्ष्य प्रस्तुत कइल गइल बा.

कार्यक्रम में खुशी,रामनरेश,आदर्श,आयुष आ अनूप कुमार के द्वारा कविता आ भाषण के माध्यम से जन-चेतना लाए के प्रयास कइल गइल। धन्यवाद ज्ञापन देत डॉ संजय कुमार पांडे कहले कि “सभ स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग आज इs प्रण ली कि उs समाज में एक-दूसरा के सहयोग करत आगे बढ़ें आ विकसित भारत के संकल्पना के चरितार्थ करीं सभ।”” कार्यक्रम में स्वयंसेविका लोग द्वारा द्रोपदी चीर-हरण पs नाटक भी प्रस्तुत कइले, जेकर उद्देश्य नारी के अपमान से होखे वाला विनाश के चिन्हित कइल बा। एह अवसर पs स्वयंसेवक अनूप कुमार के वर्ष के सर्वश्रेष्ठ स्वयंसेवक के रूप में पुरस्कृत कइल गइल। कार्यक्रम में डॉ मनोज कुमार श्रीवास्तव,डॉ रागिनी दीक्षित ,डॉ अनुज कुमार,डॉ प्रमोद कुमार त्रिपाठी एवं श्री निगमेंद्र पांडे के साथे नीतू,प्रिया,दृष्टि,मरियम, आदित्य आ अमन समेत सभी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग उपस्थित रहले.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.