दुर्गा मंदिर में तोड़फोड़, पुजारी के पिटाई

By Anurag Ranjan

Published on: May 25, 2022

गोरखपुर के गुलरिहा के रप्तिनगर में स्थित दुर्गा मंदिर में अपराधी तोड़फोड़ कइले। एकरा संगे-संगे पुजारी पंडित सुरेश मिश्र के संगे बहुत मारपीट कइले। पुजारी के शिकायत प पुलिस 6 लोग के खिलाफ मामला दर्ज

Share

गोरखपुर के गुलरिहा के रप्तिनगर में स्थित दुर्गा मंदिर में अपराधी तोड़फोड़ कइले। एकरा संगे-संगे पुजारी पंडित सुरेश मिश्र के संगे बहुत मारपीट कइले। पुजारी के शिकायत प पुलिस 6 लोग के खिलाफ मामला दर्ज क लेले बिया।

एह सब पर केस दर्ज करावल गइल बा

पुलिस के मुताबिक, पुजारी पंडित सुरेश मिश्रा के शिकायत प हरसेवाकपुर नंबर वन निवासी शिवनाथ शर्मा, रमेश चौहान, विशाल, गोलू चौहान, इसरवती अवुरी प्रेमशिला के खिलाफ दंगा, मारपीट, तोड़फोड़ अवुरी धमकी देवे के मामला दर्ज भईल बा।

इ आरोप बा पुजारी के

पुलिस के दिहल तहरीर में पुजारी पंडित सुरेश मिश्र बतवले कि उ 20 साल से दुर्गा मंदिर में पूजा पाठ करत बाड़े। मंगलवार के सांझ परिवार में मंगलिक कार्यक्रम रहे। परिवार के संगे-संगे मंदिर में पूजा-पाठ करत रहले। ओकरा बाद शिवनाथ शर्मा, रमेश चौहान, विशाल, गोलू, इसरवती अवुरी प्रेमशिला उहाँ पहुंचले। इ लोग मंदिर में तोड़फोड़ करे लगले। पुजारी अवुरी उनुका परिवार के पिटाई भईल। एह दौरान मंदिर में लागल सीसीटीवी कैमरा भी टूट गईल। मंगलवार के देर से शिकायत मिलला के बाद बुधवार के सबेरे पुलिस मामला दर्ज क जांच शुरू क देलस।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.