Oman Coast Attack : ओमान तट के लगे जहाज पs हमला, 24 भारतीय नाविक नौसेना से मदद के लगावल लोग गुहार

Oil tankers passing through Hormuz Strait amid Iran charging transit fees

Share

मस्कट। इजरायल-ईरान संघर्ष के चलते इलाका में बढ़त तनाव के बीच एगो चिंताजनक खबर सामने आइल बा। ‘फॉरवर्ड सीमेन्स यूनियन ऑफ इंडिया (FSUI) अतवार के ओमान के तट के लगे कथित हमला के शिकार भइल एगो जहाज पs सवार 24 भारतीय नाविकन खातिर तत्काल मदद के मांग कइले बा। यूनियन सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट कs के भारतीय अधिकारी आ भारतीय नौसेना से फौरन हस्तक्षेप करे के अपील कइले बा।

FSUI जारी कइलस अलर्ट

FSUI अपना पोस्ट में लिखलस कि ओमान के तट के निचिका 2057.07N 059 डिग्री 0813 पs मवजूद जहाज पs सवार 24 भारतीय नाविकन के तत्काल मदद के जरूरत बा। हालांकि यूनियन हमला के प्रकृति, जहाज के नाम भा नाविकन के मवजूदा हालत के बारे में विस्तार से जानकारी नइखे देले।

अभी तक भारतीय नौसेना, बिदेस मंत्रालय (MEA) भा कवनो दोसर सरकारी एजेंसी के ओर से एह घटना के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। सूत्रन के मोताबिक, जहाज स्ट्रैट ऑफ हार्मुज के नजदीक मवजूद रहे।

होर्मुज जलडमरूमध्य काहे बा खास?

होर्मुज जलडमरूमध्य दुनिया के तेल परिवहन के सबसे महत्वपूर्ण मार्गन में से एगो हs। एह रास्ता से गुजरल तेल वैश्विक ऊर्जा आपूर्ति के बहुत बड़ा हिस्सा पूरा करेला। इजरायल आ ईरान के बीच हाल के टकराव के बाद पूरा इलाका में समुद्री सुरक्षा के लेके चिंता बढ़ गइल बा। बेयपारिक जहाजन पs हमला के आशंका के चलते अंतरराष्ट्रीय स्तर पर निगरानी तेज कs दिहल गइल बा।

सुरक्षा पs उठल सवाल

FSUI के अपील के बाद भारतीय समुदाय आ नाविकन के परिवारन में चिंता बढ़ गइल बा। बिदेस मंत्रालय आ भारतीय नौसेना पूरा ममिला पs नजर बनवले बा। फिलहाल जहाज पs मौजूद भारतीय नाविकन के इस्थिति के बारे में साफ जानकारी सामने नइखे आइल। आगे आउर जानकारी मिलला के बाद इस्थिति स्पष्ट हो सकेला।

Read Also: IND vs AFG : भारत जीत के संगे रिकॉर्ड बुक में मचवलस हलचल, अफगानिस्तान के देलस पारी आ 300 रन से शर्मनाक हार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-