लखनऊ। योगी सरकार में कैबिनेट मंत्री आ सुभासपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर समाजवादी पार्टी में बड़ टूट होखे के दावा फेर दोहरा देले बाड़ें। राजभर बियफे के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट करत कहलें कि समाजवादी पार्टी में टूट होखे से केहू रोक नइखे सकत।
राजभर दावा कइले बाड़ें कि सपा के बागी सांसदन के गुट के संभारे खातिर एगो बड़ चेहरा सामने आ गइल बा। ऊ चेहरा उत्तर प्रदेश के ‘बागी धरती’ कहल जाये वाला बलिया से जुड़ल बा।
राजभर अपना पोस्ट में लिखलें कि समाजवादी पार्टी में होखे वाला एह टूट के तइयारी पहिले से चलत रहे। बाकिर हाल में भइल एगो घटना एह ममिला में ‘आग में घी’ डारे के काम कइले बा। उनका मोताबिक, 17 जून के सपा कार्यालय में आयोजित सम्मेलन में ब्राह्मण समाज के अपमान कइल गइल।
राजभर के कहनाम बा कि एह कथित अपमान से बलिया से जुड़ल सपा के सांसद आ नेता बहुते नाराज बा लोग। एकरा बाद बगावत के पूरा रणनीति तइयार कs लिहल गइल बा। ऊ दावा कइले बाड़ें कि अब सपा में टूट तय बा।
अखिलेश यादव पs कइलें हमला
ओम प्रकाश राजभर सपा प्रमुख अखिलेश उनका परिवार पs निशाना साधत कहलें कि राजनीतिक प्रतिक्रिया आवते पूरा सैफई परिवार सफाई देवे आ आरोप लगावे में जुट गइल बा। राजभर सपा नेतृत्व पs तंज कसत कहलें कि अखिलेश बाबू के अब ट्विटर, एसी कमरा आ प्रेस कॉन्फ्रेंस वाली राजनीति छोड़ के तुरंत ‘सांसद बचाओ अभियान’ सुरू करे के चाहीं।
एक दिन पहिलहू कइले रहलें टूट के दावा
बता दीं कि राजभर 17 जून के सपा में बड़ टूट होखे के दावा कइले रहलें। ऊ सोशल मीडिया पs पोस्ट करत कहलें कि एह खातिर राम गोपाल यादव केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के चिट्ठी लिखले बाड़ें। राजभर के एह पोस्ट के बाद उत्तर प्रदेश के सियासत में हलचल तेज हो गइल रहे। एकरा पs अखिलेश यादव आ शिवपाल सिंह पलटवार कइले रहलें।







