[the_ad_group id="30365"]

सरहुल पऽ रांची में निकालल गइल आपत्तिजनक झांकी, ED आ CBI के कइल गइल टारगेट, 26 लोगन के खिलाफ आचार संहिता उल्लंघन के केस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरहुल के पर्व रांची सहित पूरा राज्य में धूमधाम से मनावल गइल। आदिवासी समाज के लोग तरह-तरह के झांकी निकललस। एही बीच एगो झांकी पऽ सभकर खास ध्यान गइल, जवना में झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के जेल में बंद  देखावल गइल। ए झांकी के जिला प्रशासन आचार संहिता के उल्लंघन मनले बा।

झांकी में स्लोगन लिखल गइल रहें, ‘जेल के ताला टूटिहें, हेमंत सोरेन छुटिहें’। झांकी में देखावल गइल कि झारखंड के विकास के लड़ाई में हेमंत सोरेन के ईडी के ओर से शोषण कइल जा रहल बा। ए मामले में जिला प्रशासन के ओर से केंद्रीय सरना समिति के अध्यक्ष समेत 26 लोगन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

Sarhul 2024:राजनीतिक मंशा से धार्मिक अवसर के दुरुपयोग के आरोप

रांची के कोतवाली थाना में दंडाधिकारी विनय कुमार के बयान के आधार पऽ दर्ज प्राथमिकी में लिखल गइल बा कि फूलचंद तिर्की के नेतृत्व में निकलल झांकी में राजनीतिक मंशा से धार्मिक अवसर के दुरुपयोग कइल गइल। धार्मिक झांकी में राजनीतिक बातन के लगावल गइल बा। ई आदर्श आचार संहिता के उल्लंघन के मामला बा।

Sarhul 2024: केंद्रीय सरना समिति के अध्यक्ष समेत 26 पऽ केस

जिला प्रशासन के ओर से प्राथमिकी में केंद्रीय सरना समिति के अध्यक्ष फूलचंद तिर्की समेत 26 लोगन के नामजद बनावल गइल बा। एमें समिति के उपाध्यक्ष प्रमोद एक्का, प्रशांत टोप्पो, निर्मल पाहन, महासचिव संजय तिर्की, सचिव विनोद उरांव के अलावा सदस्य राजू उरांव, सुरेंद्र मुंडा, पंचम लोहरा, विनोद भगत, शंकर लोहरा, राम उरांव, आकाश उरांव, दिनु उरांव, बलकू उरांव, किशोर लोहरा, सोनू तिर्की, कुलदीप सांगा, सोमरा उरांव, ललित कच्छप, प्रदीप लकड़ा, रवि लोहरा आ भुनेश्वर लोहरा सहित 26 लोगन के नामजद बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]