अनुगुल। ओडिशा के अनुगुल जिला में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। सादी समारोह से लवट रहल सात संघतियन के कार अनियंत्रित होके सड़क किनारे मवजूद गहिराह तालाब में गिर गइल। एह हादसा में 5 जुवकन के डूबला से मौत हो गइल, जबकि दु लोग कार के दरवाजा तुड़के तैरत बाहर निकल आइल आ आपन जान बचावे में सफल रहल।
जानकारी के मोताबिक, ढेंकानाल सदर थाना क्षेत्र के छतिया गांव के लगे बुध के देर रात ई हादसा भइल। मोटांगा थाना क्षेत्र के बंगुरासिंह गांव के सात संघतिया से इंदिपुर गांव में सादी समारोह में सामिल होखे गइल रहलें। कार्यक्रम खतम होखला के बाद सब कार से अपना गांवे लवटत रहे लो, बाकिर रास्ता में चालक के वाहन पs से नियंत्रण हट गइल। एह चलते कार सीधे सड़क किनारे मवजूद गहिराह तालाब में जा गिरल।
दु जुवक तैर के बचावल लोग आपन जान
कार पानी में जइसही डूबे लागल अंदर चीख-पुकार मच गइल। एह बीच बबलू आ शिबू नाम के दूगो जुवक हिम्मत देखावत कार के दरवाजा तुड़ल आ तैरत बाहर निकल गइल । बाहर निकलला के बाद ऊ लोग गांव के लोगन के हादसा के जानकारी दिहल।
ग्रामीणन के प्रयास के बादो ना बच सकल 5 जान
सूचना मिलतही बड़ी संख्या में ग्रामीण घटनास्थल पs पहुंच गइल लोग आ राहत-बचाव अभियान सुरू कइल। बहुत मशक्कत के बाद कार के तालाब से बाहर निकालल गइल। बाकिर कार में फंसल पांच जुवकन के जबतक बाहर निकालल गइल ओह लोगल के मौत हो चुकल रहे।
मृतकन के पहचान
पुलिस के मोताबिक, हादसा में जान गंवावे वाला जुवकन के पहचान एह तरे से भइल बा-
- चंद्रकांत स्वाईं (चालक)
- अबिनाश साहू
- राकेश साहू
- श्रीराम साहू
- अभिजीत साहू
एह सब लोगन के उमिर 20 से 30 बरिस के बीच बतावल जा रहल बा।
हादसा के कारणन के जांच जारी
पुलिस शवन के पोस्टमार्टम खातिर जिला अस्पताल भेज देले बिया। सुरुआती जांच में तेज रफ्तार भा चालक के झपकी आ गइला के आशंका जतावल जा रहल बा। पुलिस हर पहलू के जांच में जुटल बिया।
गांव में पसरल मातम
एकरा संगही पांच जवान लईकन के मौत के खबर से बंगुरासिंह गांव में मातम पसर गइल बा। जिला अस्पताल में परिजनन के चित्कार से माहौल गमगीन हो गइल। पूरा इलाका एह दर्दनाक हादसा से स्तब्ध बा।
Read Also: Azamgarh News : सपा के वरिष्ठ नेता आलमबदी आजमी के निधन, 92 बरिस के उमिर में लेलें आखिरी सांस








