आस्था पs भीषण गरमी के असर: अयोध्या में दोगुना घटलें रामलला के दर्शनार्थी, रामपथ पs सन्नाटा जइसन इस्थिति

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

नौतपा के चलते पड़ रहल भीषण गरमी के असर अयोध्या के धार्मिक पर्यटन पs देखे के मिल रहल बा। रामलला के दर्शनार्थियन के आंकड़ा एकर गवाही दे रहल बा। बुध के जिला में अधिकतम तापमान

Share

नौतपा के चलते पड़ रहल भीषण गरमी के असर अयोध्या के धार्मिक पर्यटन पs देखे के मिल रहल बा। रामलला के दर्शनार्थियन के आंकड़ा एकर गवाही दे रहल बा। बुध के जिला में अधिकतम तापमान 43 डिग्री सेल्सियस रहल, जबकि बियफे के तापमान 42 डिग्री रहल। एकरा चलते श्रद्धालु कम आ रहल बा लो। एक दिन में जहां डेढ़ लाख श्रद्धालु रोजाना रामलला के दर्शन करत रहे लो। ओहिजा, पिछला दु दिनन में रामलला के दरबार में महज 1.15 लाख श्रद्धालु हाजिरी लगवले बा लो।

श्रद्धालुअन के संख्या कम होखे के पीछे भीषण गरमी के कारण बतावल जा रहल बा। बियफे के रामजन्मभूमि पथ के सामने से गुजरे वाला रामपथ पs सन्नाटा जइसन इस्थिति रहल। बिड़ला धर्मशाला के लगे जहां तिल रखे के जगह ना होत रहे, उहां सबेरे 11:30 बजे सन्नाटा पसरल रहल। बतावल जा रहल बा कि भीषण गरमी के चलते रोजाना दर्जनन श्रद्धालु रामजन्मभूमि पथ आ हनुमानगढ़ी जाये वाला भक्तिपथ पs गश खाके गिर रहल बा लो।

बियफे के दुपहरिया करीब 2:15 बजे एगो महिला श्रद्धालु रामजन्मभूमि पथ पs गश खाके गिर गइल। उनका के इलाज के लिए श्रीराम अस्पताल पहुंचाया गया। बुध के रामलला के दरबार में मात्र 65,282 श्रद्धालु हाजिरी लगवले रहे लो, तs बियफे के ई संख्या घटके 50,115 पहुंच गइल। हालांकि, ट्रस्ट के ओर से श्रद्धालुअन खातिर पेयजल आ छाया के बेहतर इंतजाम कइल गइल बा। दर्शन मार्ग पs कूलर आ पंखा लगावल गइल बा। श्रद्धालुअन के ओआरएस के पैकेट बांटल जा रहल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.