NITTT 2023 Admit Card Out: एनटीए जारी कइलस एनआईटीटीटी परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र, अइसे करीं डाउनलोड

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2023

NITTT Admit Card 2023: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) आगामी नेशनल इनिशिएटिव फॉर टेक्निकल टीचर्स ट्रेनिंग (एनआईटीटीटी) परीक्षा फरवरी 2023 खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा। उम्मीदवार आपन एडमिट कार्ड आधिकारिक वेबसाइट nittt.nta.ac.in से

Share

NITTT Admit Card 2023: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) आगामी नेशनल इनिशिएटिव फॉर टेक्निकल टीचर्स ट्रेनिंग (एनआईटीटीटी) परीक्षा फरवरी 2023 खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा। उम्मीदवार आपन एडमिट कार्ड आधिकारिक वेबसाइट nittt.nta.ac.in से डाउनलोड कs सकत बा लोग।

NITTT 2023 परीक्षा तिथि

एनटीए एनआईटीटीटी 2023 परीक्षा 04,05,11 आ 12 फरवरी के हर दिन दु पालियन में आयोजित करी। पहिला शिफ्ट-सबेरे 10 बजे से दुपहर 1 बजे तक होई आ दूसरका शिफ्ट दुपहर 2.30 से सांझ 5.30 बजे तक होई। परीक्षा में वस्तुनिष्ठ प्रकार के 100 बहुविकल्पीय प्रश्न होई। परीक्षा के अवधि तीन घंटा खातिर होई।

ऑनलाइन होई परीक्षा

परीक्षा के तरीका ऑनलाइन आधारित टेस्ट – रिमोट प्रॉक्टर्ड (ओबीटी-आरपी) परीक्षा हs। परीक्षार्थी अपना संबंधित स्थान से पीसी/लैपटॉप पs परीक्षा में सामिल हो सकत बा लो। ऊ लोग के परीक्षा खातिर कवनो परीक्षा केंद्र पs गइला के जरूरत नइखे। नोटिस में कहल गइल बा, “वेबिनार में भाग लेवे आ मॉक टेस्ट में उपस्थित होखला के बारे में विशिष्ट विवरण उम्मीदवारन के एडमिट कार्ड आ ओकर पंजीकृत ईमेल पता पs भेजल गइल ईमेल के माध्यम से प्रदान कइल जाई।”

अइसे करीं डाउनलोड

  • आधिकारिक वेबसाइट nittt.nta.ac.in पs जाई।
  • होमपेज पs एडमिट कार्ड लिंक पs क्लिक करीं।
  • ए एप्लिकेशन नंबर, जन्म तिथि, सुरक्षा पिन दर्ज करीं आ सबमिट करीं।
  • एनआईटीटीटी प्रवेश पत्र स्क्रीन पs दिखाई दी, डाउनलोड करीं।
  • भविष्य के संदर्भ खातिर एगो प्रिंटआउट ले लीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.