अब फ्लाइट अटेंडेंट के सुंदर लउके के जरुरत नइखे…’ ई देश तय कइले बा, हाई हील्स पहिने के कवनो मजबूरी ना रही !

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

रउरा हमेशा एयर होस्टेस भा फीमेल क्रू मेंबर्स के सदस्यन के हाई हील्स में देखले होखब । ई उनका कर्तव्य के हिस्सा हs, ताकि ऊ निमन देखाई देवे। हालांकि पड़ोसी देश चीन अब एह बारे

Share

रउरा हमेशा एयर होस्टेस भा फीमेल क्रू मेंबर्स के सदस्यन के हाई हील्स में देखले होखब । ई उनका कर्तव्य के हिस्सा हs, ताकि ऊ निमन देखाई देवे। हालांकि पड़ोसी देश चीन अब एह बारे में अइसन फैसला ले लिहले बा जवन ओह लोग खातिर राहत से कम नइखे।

आम तौर पs सब विमानन कंपनी में जवन बात आम बा ऊ ई कि एयर होस्टेस के सुंदर आ प्रेसेनेटेंशन लायक देखाई देवे के चाही। एकरा खातीर कपड़ा से लेके हेयर स्टाइल, सेल्फ ग्रूमिंग आ बाकी चीज़ पs ध्यान देवे के होई। एह ग्रूमिंग के एगो हिस्सा लंबा देखाई देवे के भी होखेला, जवना खातीर फ्लाइट अटेंडेंट कई घंटा तक हाई हील्स पहिन के यात्रा करेली।

जदी 2-4 घंटा तक हाई हील चप्पल भा जूता पहिने के पड़े तs गोड़ में दर्द होखे लागेला। रउरा हमेशा एयर होस्टेस भा फीमेल क्रू मेंबर्स के सदस्यन के हाई हील्स में देखले होखब। ई उनका कर्तव्य के हिस्सा हs, ताकि ऊ निमन देखाई देवे। हालांकि पड़ोसी देश चीन अब एह बारे में अइसन फैसला ले लिहले बा जवन ओह लोग खातिर राहत से कम नइखे।

कर्तव्य खातिर सुंदरता जरूरी नइखे !

चीन के हुनान प्रांत के विमानन कंपनी एयर ट्रैवल एगो महत्वपूर्ण फैसला लेले बिया। कंपनी अपना आधिकारिक वीचैट अकाउंट पs लिखले बिया कि फ्लाइट अटेंडेंट के हाई हील जूता पहिने के हालत कंपनी के ओर से खतम कs दिहल गइल बा। साउथ चाइना मॉर्निंग पोस्ट के रिपोर्ट के मुताबिक कंपनी कहले बिया कि ऊ फ्लाइट अटेंडेंट के फ्लैट जूता पहिने के अनुमति देके प्रोफेशनल इमेज के संतुलित कइल चाहता। एकरा अलावे केबिन के सुरक्षा आ कर्मचारी के स्वास्थ्य के भी ध्यान राखल गइल बा।

कर्मचारी के स्वास्थ्य के ध्यान राखल गइल

फ्लाइट अटेंडेंट पर फ्लैट जूता आ चप्पल पहिरे के अनुमति दे के बोझ कम कर दिहल गइल बा। अब ऊ लोग बोर्डिंग आ बाकी ड्यूटी के दौरान आरामदायक जूता आ चप्पल पहिन सकेले। एकरा से पहिले एयर होस्टेस के ड्यूटी पs हाई हील्स पहिरला के चलते गोड़ मे सूजन आ निशान के तस्वीर पोस्ट कइल गइल रहे। अब घरेलू विमानन कंपनी के ए फैसला के बाद सोशल मीडिया पs ना सिर्फ ए लोग के समर्थन होखता बलुक ए फैसला के तारीफ भी होखता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.