छपरा शहर में अब खुला में ना बेचाई मांस-मछली, नगर आयुक्त देलस आदेश

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

छपरा नगर निगम क्षेत्र में मांस आ मछरी के खुला बिक्री पऽ रोक लगा दिहल जाई। एह संबंध में नगर निगम प्रशासन के ओर से प्रयास तेज कइल गइल बा। नगर आयुक्त सुनील कुमार के

Share

छपरा नगर निगम क्षेत्र में मांस आ मछरी के खुला बिक्री पऽ रोक लगा दिहल जाई। एह संबंध में नगर निगम प्रशासन के ओर से प्रयास तेज कइल गइल बा। नगर आयुक्त सुनील कुमार के ओर से चिट्ठी जारी कऽ के निगरानी समिति बनावल गइल बा। एमें नगर निगम क्षेत्र के दू भाग में बाँट के खुला मे मांस मछरी बेचे पs जुर्माना लगावे के प्रावधान कइल गइल बा। एकरा संगे-संगे सभ मांस-मछरी के दोकानदार के लाइसेंस लेवे के अनिवार्य कऽ दिहल गइल बा। हालांकि शुरू में सभ दोकानदार प्रेरित कइल जाई।एकरा बाद एगो निश्चित अवधि के बाद सभ दोकानदार के लाइसेंस लिहल अनिवार्य हो जाई।

नगर आयुक्त नगर निगम के 45 वार्ड के दु भाग में बांट के दुगो सहायक लोक सुरक्षा अधिकारी के नेतृत्व में टीम बनवले बाड़े। वार्ड नम्बर 1 से 22 तक लोक स्वच्छता अधिकारी सुमित कुमार के नेतृत्व में स्वच्छता निरीक्षक चंद्र मोहन यादव, अखिलेश राय आ संजय राम कार्रवाई करीहें। जहां वार्ड नम्बर 23 से 45 तक स्वच्छता निरीक्षक असगर अली, राजनाथ राय आ सुमित कुमार लोक स्वच्छता अधिकारी संजीव कुमार मिश्र के नेतृत्व में कार्रवाई करीहें। मेयर लक्ष्मी नारायण गुप्ता के आदेश पऽ नगर आयुक्त मांस-मछली के दोकान हटावे के अभियान शुरू कऽ देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.