Instagram: अब बोरिंग ना होई इंस्टाग्राम के फीड, एप ओपन करतही ना होई रिफ्रेश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

जदि रउआ Instagram यूजर बानी आ बोरिंग फीड से परेसान बानी तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। Instagram अब एगो अइसन फीचर पs काम कs रहल बा जवना के अइला के बाद राउर फीड बोरिंग

Share

Instagram Feed Update - फोटो : Instagram

जदि रउआ Instagram यूजर बानी आ बोरिंग फीड से परेसान बानी तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। Instagram अब एगो अइसन फीचर पs काम कs रहल बा जवना के अइला के बाद राउर फीड बोरिंग ना रही। कंपनी के प्रमुख सोशल मीडिया के माध्यम से एकर पुष्टि कइलें बाड़ें।

गौर करे वाला बात कि ई बदलाव अइसन समय में आइल बा कि जब कंपनी पुष्टि कइले बिया कि ऊ इंस्टाग्राम स्टोरीज आ रील्स के क्वालिटी के जानबूझके कम करेले जवना से जादे व्यूज ना मिलेला।

हाले में भइल एगो Ask Me Anything (AMA) सेशन के दौरान इंस्टाग्राम के प्रमुख एडम मोसेरी से सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs हाले में कइल गइल एगो बदलाव के बारे में पूछल गइल, जवना के बारे में जादेतर लोगन के जानकारी ना रहे।

मोसेरी एह दौरान बतवलें कि इंस्टाग्राम एगो “रग पुल” नामक फीचर के बंद कs देले बा। ई एगो यूजर इंटरफेस (UI) फीचर रहे, जवना के कारण यूजर्स के एप खोलतही फीड अपने आप रिफ्रेश हो जाता था।

मोसेरी के अनुसार ई फीचर एहिसे रहे काहेकि एप नया कंटेंट लोड करे के प्रयास करत रहे आ एह बीच में पिछला डाउनलोड कइल गइल पोस्ट्स आ वीडियोज के दिखावत रहे। हालांकि, एह फीचर के उद्देश्य यूजर एंगेजमेंट के बढ़ावल रहे, बाकिर कंपनी के अधिकारी मानल लो कि ई “कष्टप्रद” रहे, काहेकि स्क्रीन पs पहिले दिखाई देवे वाला कवनो दिलचस्प कंटेंट अचानक गायब हो जात रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.