बिहार में अब ATM से होई ई-स्टांप के बिक्री, पटना में लागी देश के पहिला मशीन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

अब जल्दिए बिहार के एटीएम (ऑटोमेटेड टेलर मशीन) से ई-स्टाम्प मिल जाई। एहसे आम जनता के सुविधा मिली। फिलहाल इ मशीन पटना के राज्य मुख्यालय में जांच खाती लगावल जाई। अगर सफल रिजल्ट मिलल तऽ

Share

Bihar news

अब जल्दिए बिहार के एटीएम (ऑटोमेटेड टेलर मशीन) से ई-स्टाम्प मिल जाई। एहसे आम जनता के सुविधा मिली। फिलहाल इ मशीन पटना के राज्य मुख्यालय में जांच खाती लगावल जाई। अगर सफल रिजल्ट मिलल तऽ एकरा के सगरी रजिस्ट्रेशन आफिस आ दोसरा जगहा लगावल जाई। इ जानकारी देत आबकारी आ निषेध विभाग के सचिव विनोद सिंह गुंजियाल कहले कि राज्य सरकार भौतिक डाक टिकट हटा के ई-स्टाम्प प्रणाली के पूरा तरीका से लागू करे के योजना बनाव तिया।

बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई

विनोद सिंह गुंजियाल बतवले कि इ मशीन पइसा निकाले वाला एटीएम नियन होई। उऽ कहले कि अबही तक देश में कतहु अइसन वेंडिंग मशीन के माध्यम से डाक टिकट बेचे के व्यवस्था नइखे। बिहार देश के पहिला राज्य होई जवन अइसन करी। सचिव कहले कि वर्तमान में ई डाक टिकट के बिक्री सहकारी बैंक के माध्यम से हो रहल बा। विभाग चाहत बा कि ई डाक टिकट खरीदे के व्यवस्था जनता खातिर अधिका सुविधाजनक बनावल जाव।

अबहीं बिक्री फ्रैंकिंग मशीन के माध्यम से होखेला

सचिव विनोद सिंह गुंजियाल कहले कि आम जनता के सुविधा खाती फ्रेंकिंग मशीन के माध्यम से एक हजार रुपया के न्यायिक डाक टिकट बेचल जाता। हाईकोर्ट समेत 40 गो सिविल कोर्ट आ रजिस्ट्रेशन कार्यालयन में ई-कोर्ट के फीस फ्रैंकिंग मशीन के माध्यम से बेचल जाला। पुरान कार्यालय भवन आ अभिलेखागार के मरम्मत आ नया कार्यालय भवन बनावल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.