अमित शाह नाहीं, खाली CM योगी करिहें रोड शो, गृहमंत्री के गोरखपुर कार्यक्रम अचानक से कैंसिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2024

  केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह आजु गोरखपुर ना अइहें. आज इहाँ खाली मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रोड शो करीहे। गोरखपुर में गृहमंत्री के कार्यक्रम अचानक रद्द हो गइल बा. उs बुध के दुपहरिया 3:30 बजे से

Share

 

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह आजु गोरखपुर ना अइहें. आज इहाँ खाली मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रोड शो करीहे। गोरखपुर में गृहमंत्री के कार्यक्रम अचानक रद्द हो गइल बा. उs बुध के दुपहरिया 3:30 बजे से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के संगे टाउनहॉल से रोड शो करे के रहे। उनकर रोड शो घोष कंपनी, रेती रोड, नखास, बकशीपुर, आर्यनगर होत विजय चौक पs खतम होखे वाला रहे।

कार्यक्रम के फैसला भाजपा के प्रदेश नेतृत्व भी कईले रहे। भाजपा के क्षेत्रीय मीडिया प्रभारी डॉ. सत्येन्द्र सिन्हा कहले कि रोड शो तीन किलोमीटर के होखे के बा। व्यापारी संगठन अलग अलग चौराहा पs रोड शो के स्वागत करीहें. बाकिर अचानक गृहमंत्री अमित शाह के कार्यक्रम रद्द हो गईल। हालांकि रोड शो अपना निर्धारित समय अवुरी जगह पss होई। अब सीएम योगी एह रोड शो के नेतृत्व करीहें.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.