दरभंगा में मंच पs एक बेर फेर पीएम मोदी के गोड़ छूए खातीर झुकले CM नीतीश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

  पीएम मोदी आजु बिहार के दरभंगा में कई गो बड़का प्रोजेक्ट शुरू कइलन. एह मौका पs बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी उनुका संगे मंच पs मौजूद रहले। एह कार्यक्रम में भाजपा आ एनडीए

Share

Bihar

 

पीएम मोदी आजु बिहार के दरभंगा में कई गो बड़का प्रोजेक्ट शुरू कइलन. एह मौका पs बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी उनुका संगे मंच पs मौजूद रहले। एह कार्यक्रम में भाजपा आ एनडीए के कई गो वरिष्ठ नेता लोग भी मौजूद रहे। कार्यक्रम के दौरान जब नीतीश कुमार पीएम मोदी से मिले के नजदीक अईले तs उs झुक के गोड़ छूवे के कोशिश कईले। हालांकि पीएम मोदी उनुका के अयीसन करे से रोक देले। पीएम नीतीश कुमार के हाथ पकड़ के बगल के सीट पs बईठे के निहोरा कईले। एह मौका पs केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान, नित्यानंद राय, बिहार के उप सीएम सम्राट चौधरी अवुरी विजय सिन्हा भी मंच पs मौजूद रहले।

सीएम नीतीश जसही मंच पs पहुंचले, उs मोदी के सोझा जाके उनुकर गोड़ छूवे खातीर झुक गईले। हालांकि पीएम मोदी तुरंत उनुका के अयीसन करे से रोक देले अवुरी खुद खड़ा होके नीतीश के अभिवादन कईले।

बता दीं कि नीतीश मोदी के गोड़ छूवे के पहिला मौका नइखे. एs साल लोकसभा चुनाव में एनडीए के जीत के बाद जब दिल्ली में गठबंधन के संसदीय पार्टी के बैठक के आयोजन भईल तs सीएम नीतीश भी शामिल भईले। ओह बइठक में नीतीश पीएम मोदी के गोड़ छूअले, राजनीतिक हलकन में एह पर खूब चरचा भइल.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.