NITI Ayog: ‘पश्चिम बंगाल के सीएम के व्यवहार गलत रहे’, ममता बनर्जी के आरोप पs चिराग पासवान जवाबी हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

निती के आयोग के बैठक में बहुत नेता भाग ना लिहले। शिवसेना (यूबीटी) के नेता संजय राउत एकरा के जवाब देले। ऊ कहले कि जवना तरह से बजट बनल, निती आयोग भी ओकरा हिसाब से

Share

निती के आयोग के बैठक में बहुत नेता भाग ना लिहले। शिवसेना (यूबीटी) के नेता संजय राउत एकरा के जवाब देले। ऊ कहले कि जवना तरह से बजट बनल, निती आयोग भी ओकरा हिसाब से काम करी। खाली भाजपा शासित राज्यन के पइसा आ योजना के लाभ दिहल गइल बा।

नीती आयोग के नौवीं गवर्निंग काउंसिल के बइठक 27 जुलाई के नई दिल्ली में भइल रहे। एह बइठक के अध्यक्षता प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कइलन। केंद्रीय बजट में भेदभाव के आरोप लगावत कुछ गैर भाजपा शासित राज्यन के मुख्यमंत्री एह बइठक में भाग ना लिहले। एह पर शिवसेना के नेता संजय राउत भी प्रतिक्रिया देत कहले कि जवना तरह से बजट बनल, निती आयोग भी ओही हिसाब से काम करी। बता दीं कि विपक्षी गठबंधन से सिर्फ पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी ही ए बैठक में शामिल भइली, बाकी ऊ बईठक के बीच में छोड़ के बहरी निकलली। ऊ आरोप लगवले कि उनका के बैठक में बोले के मौका ना दिहल गइल। ममता बनर्जी के आरोप पs केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान प्रतिक्रिया देले। ऊ बंगाल के सीएम के व्यवहार के गलत बतवले।

चिराग पासवान ममता बनर्जी के ए आरोप के खारिज कs देले। ऊ कहले कि, “नीती आयोग के बैठक में केहु के माइक बंद करे के आरोप झूठ बा। पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी जवना तरह से बैठक से बीच में निकलली ऊ गलत रहे। लागता कि विपक्ष में अइसन होखता। अराजकता पैदा करे आ अपना ओर ध्यान खींचे के एगो जानबूझ के रणनीति अगर कवनो राज्य के लागत बा कि ओकरा साथे गलत काम भइल बा तs ऊ आपन मुद्दा नीती आयोग में उठा सकेला।”

संजय राउत नेता लोग के बैठक में ना आवे के कारण बतवले

नीती के आयोग के बैठक में बहुत नेता भाग ना लिहले। एकरा पs शिवसेना के नेता संजय राउत जवाब देले। ऊ कहले कि, “जवना तरीका से बजट बनल, निती आयोग भी ओही हिसाब से काम करी। पईसा आ योजना के फायदा सिर्फ भाजपा शासित राज्य के दिहल गइल बा। एहीसे एमके स्टालिन (तमिलनाडु के मुख्यमंत्री), तेलंगाना के मुख्यमंत्री आ हिमाचल प्रदेश एह बइठक में भाग ना लिहलसन।”

संजय राउत आगे कहले कि ममता बनर्जी ए बैठक में शामिल भइल रहली, बाकी उनका के बोले के मौका ना दिहल गइल। पश्चिम बंगाल के सीएम के अपमान भइल। उनकर माइक बंद हो गइल रहे। ई लोकतंत्र के अनुरूप नइखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.