भारत आ न्यूजीलैंड के बीच पांच मैच के टी20 सीरीज में टीम इंडिया 2-0 से बढ़त बना लिहले बिया। लगातार दू मुकाबला हारला के बाद न्यूजीलैंड अपना टीम में कई बदलाव कइले बा। तेज गेंदबाज लॉकी फर्ग्यूसन तीसरा टी20 मुकाबला ना खेलिहें, जबकि मैट हेनरी पूरा टी20 सीरीज से बाहर हो गइल बाड़ें। अब ऊ सीधे भारत के खिलाफ होखे वाला वनडे सीरीज में खेलत नजर अइहें।
तीसरा टी20 से पहिले न्यूजीलैंड टीम में बदलाव
भारत आ न्यूजीलैंड के बीच सीरीज के तीसरा टी20 मुकाबला 27 अक्टूबर के वेलिंगटन में खेलल जाए के कार्यक्रम बा। एह मुकाबला से पहिले न्यूजीलैंड क्रिकेट अपना टीम के खिलाड़ी लोग के वर्कलोड मैनेजमेंट के तहत कुछ बदलाव कइले बा।
न्यूजीलैंड क्रिकेट के मुताबिक, लॉकी फर्ग्यूसन तीसरा टी20 मैच ना खेलिहें। ऊ ऑकलैंड खातिर रवाना होइहें आ सीरीज के आखिरी दू मुकाबला खातिर फेर से टीम में शामिल होइहें। ई दुनो मैच ईडन पार्क आ सेडन पार्क में खेलल जाई।
दोसरा ओर, तेज गेंदबाज मैट हेनरी अब भारत के खिलाफ टी20 सीरीज में आगे ना खेल पइहें। ऊ क्राइस्टचर्च में रहीहें आ 2 नवंबर के ऑकलैंड में वनडे टीम के साथ जुड़िहें। हेनरी के बाहर होखला से न्यूजीलैंड के गेंदबाजी विभाग पर असर पड़ सकेला।
काइल जैमीसन के भी मिलल आराम
न्यूजीलैंड के तेज गेंदबाज काइल जैमीसन भी तीसरा टी20 के बाद टीम के साथ वेलिंगटन में रुकिहें। ऊ 31 अक्टूबर के सेलो बेसिन रिजर्व में कैंटरबरी के ओर से फोर्ड ट्रॉफी के दूसरा दौर के मुकाबला खेले खातिर उपलब्ध रहीहें। एह घरेलू मुकाबला के बाद ऊ भारत के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर फेर से न्यूजीलैंड टीम में शामिल होइहें।
टीम प्रबंधन के एह फैसला के पीछे खिलाड़ी लोग के फिटनेस बनवले राखे आ लगातार क्रिकेट खेले के दबाव कम करे के रणनीति मानल जा रहल बा। हालांकि, लगातार दू मैच में हार के बाद न्यूजीलैंड के सामने वापसी करे के चुनौती जरूर बा।
दूसरा टी20 में भारत के रोमांचक जीत
भारत आ न्यूजीलैंड के बीच दूसरा टी20 मुकाबला बेहद रोमांचक रहल। भारत एक गेंद बाकी रहते छह विकेट से जीत हासिल कइलस आ पांच मैच के सीरीज में 2-0 के बढ़त बना लिहलस।
भारत के जीत के हीरो तिलक वर्मा रहलें। ऊ 26 गेंद में छह चौका आ एगो छक्का के मदद से नाबाद 51 रन बनवलें। उनका साथ नीतिश कुमार रेड्डी भी शानदार बल्लेबाजी कइलें। नीतिश 13 गेंद में नाबाद 26 रन बनवलें।
एक समय भारत के हालत खराब हो गइल रहे। 15वां ओवर तक टीम 112 रन पर छह विकेट गंवा चुकल रहे। एह मुश्किल घड़ी में तिलक आ नीतिश सातवां विकेट खातिर महज 30 गेंद में नाबाद 69 रन के साझेदारी क के भारत के जीत के दुआर तक पहुंचा दिहलें। भारत 19.5 ओवर में छह विकेट पर 181 रन बनाके मुकाबला अपना नाम कइलस।
ग्लेन फिलिप्स आ बेवोन जैकब्स के शानदार पारी
एकरा पहिले न्यूजीलैंड के टीम बल्लेबाजी करत पांच विकेट पर 180 रन बनवले रहे। ग्लेन फिलिप्स 70 रन के शानदार पारी खेललें, जबकि बेवोन जैकब्स 56 रन बनाके टीम के मजबूत स्कोर तक पहुंचवलें।
न्यूजीलैंड के कप्तान मिचेल सैंटनर गेंदबाजी में कमाल कइलें। ऊ चार ओवर में 21 रन देके चार विकेट हासिल कइलें। एक समय अइसन लागत रहे कि न्यूजीलैंड ई मुकाबला आसानी से जीत ली, बाकिर तिलक वर्मा के शानदार बल्लेबाजी पूरा खेल बदल दिहलस।
भारत के ओर से नमन धीर 31 रन, अभिषेक शर्मा 27 रन, संजू सैमसन 14 रन आ अक्षर पटेल 11 रन बनवलें।
अब तीसरा टी20 में न्यूजीलैंड के कोशिश रही कि ऊ सीरीज में वापसी करे। ओहिजा भारतीय टीम के नजर लगातार तीसरा जीत हासिल करके सीरीज पर आपन पकड़ अउरी मजबूत करे पर रही।
Read More :
कैंसर के इलाज में राहत: ₹1 लाख वाला इम्यूनोथेरेपी इलाज अब ₹30 हजार में, मरीजन के बढ़ल उम्मीदhttps://khabarbhojpuri.com/affordable-nivolumab-immunotherapy-cancer-treatment-india/







No comments yet. Be the first to comment!