छपरा-पटना के बीच नया स्पेशल ट्रेन के संचालन सुरू: 30 जून 2025 तक​​​​​​​ थावे-पटना रूट पs लगाई 91 फेरा, 14 स्टेशनन पs रुकी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2025

रेलवे प्रशासन यात्रियन के सुविधा खातिर नया पहल कइले बा। पटना-थावे-पटना स्पेशल ट्रेन (03215/03216) के संचालन 1 अप्रिल 2025 से सुरू हो गइल बा। ई ट्रेन 30 जून 2025 तक 91 फेरा लगाई। जवना के

Share

रेल यात्री खातीर बड़ खबर

रेलवे प्रशासन यात्रियन के सुविधा खातिर नया पहल कइले बा। पटना-थावे-पटना स्पेशल ट्रेन (03215/03216) के संचालन 1 अप्रिल 2025 से सुरू हो गइल बा। ई ट्रेन 30 जून 2025 तक 91 फेरा लगाई। जवना के लेके रेलवे सर्कुलर जारी कइले बा। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के उत्तरी हिस्सा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। छपरा से पटना जंक्शन खातिर खाली एके गो पैसेंजर ट्रेन बा।

एह ट्रेन में कुल 24 कोच होई। एमे जी.एस.एल.आर.डी. के 2 कोच आ साधारण द्वितीय श्रेणी के 22 कोच सामिल रही। ट्रेन सारण जिला के उत्तरी क्षेत्र से होके गुजरी। मार्ग में मशरख, मढ़ौरा, खैरा आ छपरा ग्रामीण क्षेत्र आई।

पटना से दुपहरिया 12:10 बजे होई रवाना

पटना से थावे जाये वाली ट्रेन (03215) दुपहरिया 12:10 बजे चली। ई फुलवारी शरीफ, पाटलिपुत्र, दीघा ब्रिज हाल्ट, दिघवारा, गोल्डिनगंज, खैरा, मढ़ौरा, मसरख, राजापट्टी, दिघवा दुबौली, सिधवलिया, रतनसराय आ गोपालगंज होत सांझ 5:40 बजे थावे पहुंची।

वापसी में थावे से पटना के ट्रेन (03216) सांझ 6:25 बजे रवाना होई। ई सब स्टेशनन पs रुकत रात 11:45 बजे पटना पहुंची। रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार एह संबंध में आधिकारिक सर्कुलर जारी कs देले बाड़ें।

Read Also: Economic Survey: वित्त बरिस 26 में 6.3-6.8 प्रतिशत के बीच रह सकत बा वृद्धि दर, आर्थिक सर्वेक्षण में अनुमान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.