नई दिल्ली। नेपाल के बिदेस मंत्री शिशिर खनाल भारत संगे विकास आधारित साझेदारी के आउर मजबूत बनावे पs जोर देलें। भारत के आधिकारिक यात्रा के दौरान मीडिया से बातचीत करत ऊ कहलें कि नेपाल एगो उभरत आर्थिक आ तकनीकी ताकत बन चुकल भारत के संगे मिलके आगे बढ़े के इच्छुक बा।
शिशिर खनाल कहलें कि भारत आ नेपाल के रिश्ता खाली पड़ोसी देस वाला ना हs, बलुक ई हजारन साल पुरान सांस्कृतिक, धार्मिक आ सभ्यतागत जुड़ाव पs आधारित बा।
‘हमनी के एके नदियन के संतान बानी सs’
नेपाल के बिदेस मंत्री कहलें, “हमनी के खाली नक्शा पs पड़ोसी ना हईं सs, बलुक एके नदियन के संतान बानी सs।” उनका मुताबिक दुनो देसन के बीच जनता के आपसी समझ बढ़ावे में मीडिया के बहुते महत्वपूर्ण भूमिका बा।
ऊ कहलें कि नेपाल के मवजूदा नेतृत्व अब पुरान भू-राजनीतिक विवादन से आगे बढ़के विकास, कनेक्टिविटी आ आर्थिक सहजोग पs फोकस करत बा।
भारत के आर्थिक शक्ति के रूप में देखत बा नेपाल
शिशिर खनाल कहलें कि जब नेपाल सीमा के ओह पार देखेला तs भारत एगो आर्थिक महाशक्ति के रूप में नजर आवेला। भारत आज वैश्विक मंच पs तेजी से बढ़त तकनीकी आ आर्थिक ताकत के रूप में आपन पहचान बना चुकल बा।
उनका अनुसार नेपाल नवाचार, विकास आ अवसर से भरल भारत के संगे मिलके आगे बढ़ल चाहsता।
बेयपार, ऊर्जा आ डिजिटल भुगतान पs भइल चर्चा
दिल्ली में बिदेस मंत्री एस जयशंकर संगे भइल बैठक में बेयपार, सीमा पार कनेक्टिविटी, ऊर्जा साझेदारी, जल संसाधन प्रबंधन आ लोगन के आपसी संबंध पs विस्तार से चरचा भइल।
एह दौरान नेपाल के NCHL आ भारत के NPCI के बीच समझौता के तहत सीमा पार डिजिटल भुगतान सेवा सुरू करे के घोषणा कइल गइल। एकरा से UPI जइसन भुगतान प्रणाली दुनो देसन में आसान हो जाई आ बेयपारी, पर्यटक आ आम लोगन के सीधा फायदा मिली।
नेपाल सरकार भारत के संगे आर्थिक बदलाव आ विकास के साझेदारी के सबसे जादे महत्व देत बिया।
Read Also: West Bengal Incident : तीस्ता नदी में गिरल कार, सात बरिस के लईकी सहित एके परिवार के चार के मौत







