दार्जिलिंग/कोलकाता। पश्चिम बंगाल के दार्जिलिंग जिला में एगो दर्दनाक सड़क हादसा भइल बा। सिक्किम आ पश्चिम बंगाल के जोड़ेला वाला राष्ट्रीय राजमार्ग-10 (NH-10) पs तीस्ता नदी में गिरल एगो टाटा नेक्सॉन कार से एके परिवार के चार लोगन के शव बरामद कइल गइल बा। एह हादसा में सात साल के लईकी के चार लोगन के मौत हो गइल।
मृतकन के पहचान स्मारिका न्यौपाने (28), सैब्या न्यौपाने (27), जीका दहल (27) आ दित्या छेत्री के रूप में भइल बा। ई परिवार पूर्वी सिक्किम के काबी लुंगचोक (लिंगडोक) इलाका के निवासी रहे।
अस्पताल में भरती रिश्तेदार से मिले जात रहे परिवार
जानकारी के मोताबिक, परिवार 5 जून के गंगटोक से सिलीगुड़ी जात रहे। ई लोग अस्पताल में भरती अपना रिश्तेदार से मिले खातिर निकलल रहे। रास्ता में राम्बी इलाका के लगे परिवार से आखिरी बार संपर्क भइल, ओकरा बाद एह लोगन के कुछ पता ना चलल।
परिजनन के शिकायत पs 6 जून से खोज अभियान सुरू कइल गइल। एह अभियान में NDRF, SDRF, पश्चिम बंगाल पुलिस आ स्थानीय बचाव दल जुटल रहे।
मलबा मिलला के बाद तीस्ता नदी में तेज भइल खोज अभियान
बचाव दल के बाघपुल इलाका के नजदीक भूस्खलन प्रभावित क्षेत्र से कार के बैटरी आ बंपर मिलल। एह सुराग के आधार पs खोज के दायरा तीस्ता नदी तक बढ़ावल गइल।
सनिचर के सांझ भारी बरखा आ तेज बहाव के बादो नदी में डूबल कार के पता चलल। खराब मौसम आ अन्हार के चलते रात में रेस्क्यू रोकल गइल, बाकिर अतवार के भोर में दोबारा अभियान चलावल गइल। कइयन घंटा के मेहनत के बाद कार के भीतर से चारो शव निकालल गइल।
सुरुआती जांच में एह हादसा के मुख्य कारण लगातार बरखा, भूस्खलन आ राष्ट्रीय राजमार्ग-10 के खराब हालत के मानल जा रहल बा।
हादसा में जान गंवावे वाला तीनो वयस्क सरकारी कर्मचारी रहे लोग। स्मारिका न्यौपाने एसटीएनएम अस्पताल में नर्सिंग लेक्चरर रहली, जबकि सैब्या न्यौपाने संस्कृति विभाग में जूनियर इंजीनियर आ जीका दहल बागवानी विभाग में कार्यरत रहलें।
पूरा सिक्किम में शोक के माहौल
एके परिवार के चार सदस्यन के असमय मौत से पूरा सिक्किम में शोक के लहर बा। स्थानीय लोग आ प्रशासन पीड़ित परिवार के प्रति संवेदना व्यक्त कs रहल बा।








