[the_ad_group id="30365"]

Nepal Tragedy : नेपाल में बाढ़ से 626 लोगन के मौत, भारत C-130 विमान से भेजलस 10 टन राहत सामग्री

Nepal Flood Tragedy: 288 Indians Missing
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

काठमांडू। नेपाल आ तिब्बत के सीमा से सटल इलाका में भोटे कोशी आ त्रिशूली नदी में आइल भयंकर बाढ़ से भारी तबाही मचल बा। एह आपदा में अब तक कम से कम 626 लोगन के मौत हो चुकल बा, जबकि 2,482 से अधिक लोग लापता बतावल जा रहल बा। संकट के घड़ी में भारत नेपाल के मदद खातिर आगे आइल बा।

भारतीय वायुसेना मानवीय सहायता आ आपदा राहत अभियान सुरू कइले बिया। वायुसेना के C-130J विमान 10 टन जरूरी राहत सामग्री लेके नेपाल पहुंचल, जवना में प्रभावित लोगन खातिर दवाई आ भोजन सहित जरूरी सामान सामिल बा। भारत आगहूं C-17 ग्लोबमास्टर आ अतिरिक्त C-130 विमान के माध्यम से राहत सामग्री भेजत रही।

11 सदस्यीय भारतीय टीम नेपाल पहुंचल

अचानक आइल बाढ़ के बाद नेपाल सरकार के अनुरोध पर 11 सदस्यीय भारतीय टीम नेपाल पहुंचल बिया। भारतीय दूतावास के सूत्रन के मोताबिक टीम में मेडिकल स्टाफ आ टनल रेस्क्यू विशेषज्ञ सामिल बाड लो। ई टीम बाढ़ प्रभावित इलाकन में बचाव आ राहत काम में स्थानीय प्रशासन के मदद करी।

नेपाल सरकार के कहनाम बा कि सुरक्षा बलन के जादे से जादे तैनाती प्राथमिकता में बा, काहेकि स्थानीय जवान कठिन भौगोलिक इलाका से परिचित बा लो। हालांकि जरूरत पड़ला पs अंतरराष्ट्रीय मदद लेवे के बात कहल गइल बा।

भारत आ चीन से मांगल गइल बेली ब्रिज

बाढ़ से प्रभावित इलाकन में यातायात बेवस्था बहाल करे खातिर नेपाल भारत आ चीन से 42 बेली ब्रिज बनावे में मदद मंगले बा। ई पोर्टेबल पुल कम समय में तइयार कइल जा सकेला आ एकरा खातिर भारी मशीनरी के जरूरत कम पड़ेला।

84 भारतीय नागरिकन के सुरक्षित निकालल गइल

भारत के बिदेस मंत्रालय के मोताबिक नेपाल में कम से कम 84 भारतीय नागरिकन के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा। एमे त्रिशूली-1 परियोजना के 63 कर्मचारी आ तमिलनाडु के 21 तीर्थयात्री सामिल बा लो। 21 लोगन के समूह दिल्ली पहुंच चुकल बा।

बिदेस मंत्रालय के अनुसार, सुक के 149 भारतीय तिब्बत से नेपाल सीमा में प्रवेश कइल लो, जबकि करीब 400 आउर भारतीय चीन सीमा के ओर सुरक्षित बतावल गइल बाड़ें।

320 भारतीय नागरिकन से संपर्क नइखे

बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल के मोताबिक नेपाल में 320 भारतीय नागरिकन से संपर्क नइखे हो पावत। पिछिला आंकड़ा 290 रहे। एकरा अलावे करीब 100 भारतीय मूल के लोगन से संपर्क नइखे हो पावल।

बिदेस मंत्रालय लगातार नेपाली प्रशासन से संपर्क में बा। सुक के सांझ तक भारत कवनो भारतीय नागरिक के मौत के आधिकारिक पुष्टि नइखे कइले।

Read Also: Delhi : सिम कार्ड, WhatsApp आ दुबई रूट से ISI तक पहुंचल मदद, दिल्ली में दंपती गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]