Delhi : सिम कार्ड, WhatsApp आ दुबई रूट से ISI तक पहुंचल मदद, दिल्ली में दंपती गिरफ्तार

By Shweta Supriya

Published on: Aug 29, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई खातिर जासूसी करे वाला एगो नेटवर्क के खुलासा कइले बिया। पुलिस सराय काले खां इलाका से एगो दंपती के गिरफ्तार कइले बिया, जवन साल 2024 से पाकिस्तानी

Share

Fake UP ADM Fraud Case Accused Arrested for 60 Lakh Cheating

नई दिल्ली। दिल्ली पुलिस पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई खातिर जासूसी करे वाला एगो नेटवर्क के खुलासा कइले बिया। पुलिस सराय काले खां इलाका से एगो दंपती के गिरफ्तार कइले बिया, जवन साल 2024 से पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी से जुड़ल Pakistan Intelligence Operatives (PIO) खातिर काम करत रहे। गिरफ्तार आरोपी के पहचान बदायूं निवासी मोहम्मद साहिल आ ओकर पत्नी समीरा के रूप में भइल बा।

भारतीय सिम कार्ड के इस्तेमाल

पुलिस जांच में पता चलल कि आईएसआई समर्थित लोगन तक बड़ संख्या में भारतीय सिम कार्ड पहुंचावल जात रहे। एह सिम कार्ड के इस्तेमाल व्हाट्सएप अकाउंट एक्टिवेट करे आ जासूसी गतिविधि में कइल जात रहे।

जांच के मोताबिक, कुछ सिम कार्ड दुबई के रास्ता पाकिस्तान भेजल जात रहे। पाकिस्तान में मवजूद हैंडलर्स एह भारतीय नंबर से व्हाट्सएप ग्रुप में सामिल होके सैन्य आ सुरक्षा से जुड़ल संवेदनशील जानकारी जुटावे के कोसिस करत रहे।

दंपती के का जिम्मेदारी मिलल रहे?

पुलिस के अनुसार, साहिल आ समीरा के भारत में सैन्य छावनी इलाका के रेकी खातिर लोग जुटावे के काम सउपल गइल रहे। साहिल के अइसन सेना जवानन के जानकारी जुटावे के जिम्मेदारी मिलल रहे, जेकर कोर्ट मार्शल से जुड़ल ममिला ट्रिब्यूनल में लंबित रहे।

स्पेशल सेल के जांच के दौरान एनसीआर में सक्रिय पीआईओ नेटवर्क के जानकारी सामने आइल। पुलिस के मोताबिक, मॉड्यूल दिल्ली के स्थानीय लोगन के अपना नेटवर्क में सामिल कs के भारतीय सिम कार्ड हासिल करत रहे।

मोबाइल से मिलल आपत्तिजनक चैट

पुलिस समीरा के लगे से दूगो मोबाइल फोन बरामद कइले बिया। जांच में मोबाइल में पाकिस्तानी ऑपरेटिव्स के संगे आपत्तिजनक बातचीत मिलल बतावल गइल बा। पुलिस के कहनाम बा कि पाकिस्तान में मवजूद हैंडलर्स एन्क्रिप्टेड कम्युनिकेशन प्लेटफॉर्म के माध्यम से ओवरग्राउंड वर्कर्स से संपर्क में रहलें।

8 सिम कार्ड भेजला पs मिलल 30 हजार

पूछताछ में सामने आइल कि साहिल आ समीरा साल 2024 में इंस्टाग्राम के माध्यम से एगो पाकिस्तानी एजेंट के संपर्क में आइल रहे। बाद में दुनु के बियाह हो गइल। एजेंट के माध्य से दुनु एगो पीआईओ से जुड़लें।

पुलिस के मोताबिक, 2024 आ 2025 में दुनु दुबई के रास्ते 8 भारतीय सिम कार्ड पाकिस्तान भेजले सs, जवना के बदला में करीब 30 हजार रुपिया मिलल। पाकिस्तान में एह नंबरन पs व्हाट्सएप अकाउंट एक्टिवेट कइल गइल आ ओकरा के भारतीय ग्रुप में सामिल कs क संवेदनशील जानकारी जुटावे खातिर इस्तेमाल कइल गइल।

Read Also: Bahula 2026 : 31 अगस्त के रखल जाई बहुला के व्रत, जान लीं गणेश पूजा के धार्मिक महत्व आ विधि

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.