NEET UG 2026 Topper List : आर्यन गुप्ता आ पांशुल बंसल बनलें ऑल इंडिया टॉपर, इहां देखीं टॉप-10 टॉपर लिस्ट आ कटऑफ

Share

एजुकेशन डेस्क। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी NEET UG Result 2026 जारी कइले बा। रिजल्ट के संगे-संगे NEET UG Topper List 2026, कटऑफ आ फाइनल आंसर-की जारी कs दिहल गइल बा। एह साल पंजाब के आर्यन गुप्ता आ हरियाणा के पांशुल बंसल 720 में से 715 अंक हासिल कs के संयुक्त रूप से AIR-1 रैंक पवले बा लो।

NEET UG 2026 में सबसे बेहतरीन प्रदर्शन पंजाब के आर्यन गुप्ता आ हरियाणा के पांशुल बंसल कइल लो। दुनु अभ्यर्थियन के 99.9999 पर्सेंटाइल मिलल आ संयुक्त रूप से ऑल इंडिया रैंक-1 हासिल भइल।

NEET UG 2026 टॉप-10 टॉपर लिस्ट

रैंक नाम पर्सेंटाइल राज्य
1 आर्यन गुप्ता 99.9999 पंजाब
1 पांशुल बंसल 99.9999 हरियाणा
3 उपलक्ष्य गोयल 99.99985 राजस्थान
4 आयुष भलोटिया 99.99965 बिहार
5 कुडालेश्रावणी कृष्णा 99.99965 महाराष्ट्र
6 रिया रंजन 99.99965 बिहार
7 आर्यन दुबे 99.99965 उत्तर प्रदेश
8 गीतांश सरीन 99.99915 पंजाब
9 गौरव सिंह मोहनीश 99.99915 राजस्थान
10 मारुति भोसले 99.99915 महाराष्ट्र

कटऑफ लिस्ट जारी भइल

NTA रिजल्ट के संगे NEET UG 2026 Cut Off List जारी कइले बा। अभ्यर्थी आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन श्रेणी के अनुसार कटऑफ देख सकत बा लोग।

कैटेगरी अनुसार कटऑफ

General / EWS: 715 से 213 अंक

OBC: 212 से 177 अंक

SC: 212 से 177 अंक

ST: 212 से 177 अंक

कटऑफ के आधार पs सफल अभ्यर्थी अब मेडिकल कॉलेज में दाखिला खातिर काउंसलिंग प्रक्रिया में हिस्सा ली लो।

फाइनल आंसर-की भइल जारी

NTA NEET UG Final Answer Key 2026 जारी कs देले बा। छात्र अब आधिकारिक वेबसाइट पs जाकर फाइनल आंसर-की डाउनलोड कs के अपना उत्तरन के मिलान कs सकत बा लोग।

अब काउंसलिंग पs रही नजर

रिजल्ट जारी होखला के बाद अब सफल अभ्यर्थियन के नजर MCC Counselling 2026 आ राज्य स्तरीय काउंसलिंग प्रक्रिया पs बा। एह प्रक्रिया के माध्यम से MBBS, BDS, BAMS, BHMS सहित कइयन गो मेडिकल कोर्स में दाखिला दिहल जाई।

Read Also: 17 जुलाई 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-