NEET UG 2026 : एनटीए अब कबो जारी कs सकेला नीट यूजी री-एग्जाम सिटी स्लिप, खाली 4 स्टेप में होई डाउनलोड

Share

नई दिल्ली। राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा-स्नातक (NEET UG 2026) री-एग्जाम के आयोजन 21 जून के देसभर के निर्धारित परीक्षा केंद्रन पs करावल जाई। एह परीक्षा खातिर नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) अब कबो एग्जाम सिटी इंटीमेशन स्लिप जारी कs सकेला। उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in पs जाके आपन सिटी स्लिप डाउनलोड कs सकी। एह स्लिप के मदद से छात्र लोग आपन परीक्षा शहर के जानकारी पहिले से हासिल करके यात्रा आ आउर तइयारी कs सकी लोग।

एडमिट कार्ड एह तारीख तक जारी हो सकेला

पिछिला पैटर्न पs नजर डालल जावs तs परीक्षा से करीब छव से सात दिन पहिले एडमिट कार्ड जारी कs दिहल जाला। एह हिसाब से संभावना बा कि NEET UG 2026 री-एग्जाम खातिर एडमिट कार्ड 15 जून के आसपास जारी हो सकेला। उम्मीदवारन के ध्यान रखे के चाहीं कि सिटी स्लिप आ एडमिट कार्ड अलग-अलग दस्तावेज हs। सिटी स्लिप के प्रवेश पत्र के रूप में इस्तेमाल ना कइल जा सकेला।

खाली 4 स्टेप में डाउनलोड करीं सिटी स्लिप

एनटीए द्वारा सिटी स्लिप जारी होखला के बाद उम्मीदवार नीचे बतावल 4 आसान स्टेप फॉलो कs के एकरा के डाउनलोड के सकीः

  • सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in पs जाईं।
  • होम पेज पs LATEST NEWS सेक्शन में Advance City Intimation for NEET (UG) – 2026 लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब आपन एप्लीकेशन नंबर, पासवर्ड आ स्क्रीन पs देखावल सिक्योरिटी पिन दर्ज कs के Submit बटन पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद सिटी स्लिप स्क्रीन पs खुल जाई, जहां से रउआ एकरा के डाउनलोड कs के आपन परीक्षा शहर के जानकारी देख सकत बानी।

13 भाषा में होई परीक्षा

NEET UG 2026 के परीक्षा देसभर में 13 भाषा में आयोजित कइल जाई। एमे हिंदी, असमिया, बंगाली, अंग्रेजी, गुजराती, कन्नड़, मलयालम, मराठी, उड़िया, पंजाबी, तमिल, तेलुगु आ उर्दू सामिल बा।

परीक्षा 21 जून के पेन एंड पेपर मोड में एके शिफ्ट में आयोजित होई। परीक्षा के समय दुपहरिया 2:00 बजे से सांझ 5:15 बजे तक निर्धारित कइल गइल बा।

Read Also: Bihar Politics : राबड़ी-तेजस्वी के सुरक्षा खातिर मैदान में उतरलें RJD कार्यकर्ता, 24 घंटा पहरा देवे खातिर बनल विशेष रोस्टर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-