नई दिल्ली। नीट-यूजी 2026 पेपर लीक ममिला में दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट सनिचर के बड़ फैसला सुनावत मुख्य आरोपी शुभम खैरनार के न्यायिक हिरासत 15 जून तक बढ़ा देलस। पिछिला न्यायिक हिरासत खत्म होखला के बाद शुभम के अदालत में पेश कइल गइल रहे।
मनीषा वाघमारे के जमानत पs 9 जून के फैसला
ममिला के दूसरका आरोपी मनीषा वाघमारे के जमानत याचिका पs सुनवाई पूरा हो गइल बा। अदालत एह पs आपन फैसला 9 जून खातिर सुरक्षित रख लेले बा। केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) मनीषा के जमानत के कड़ा विरोध करत अदालत में कहलस कि ऊ पूरा साजिश के एगो प्रमुख किरदार रहल बाड़ी।
सीबीआई अदालत में का बतवलस?
विशेष CBI न्यायाधीश अजय गुप्ता के अदालत में मनीषा वाघमारे के ओर से अधिवक्ता श्रेयस गच्छे आ CBI के ओर से वरिष्ठ लोक अभियोजक नीतू सिंह आपन-आपन पक्ष रखल।
CBI के अनुसार, मनीषा वाघमारे सेवानिवृत्त रसायन विज्ञान शिक्षक प्रह्लाद कुलकर्णी आ पुणे निवासी धनंजय लोखंडे के संगे मिलके लीक भइल प्रश्नपत्र हासिल कइली आ बाद में ओकर वितरण करली।
जांच एजेंसी के दावा बा कि बैंक खाता के रिकॉर्ड आ छात्रन के बयान से धन के लेन-देन के संकेत मिलल बा। CBI के मोताबिक, धनंजय लोखंडे मनीषा से NEET-UG 2026 के परीक्षा सामग्री प्राप्त कइले रहलें, जवला के बाद में शुभम खैरनार तक पहुंचावल गइल।
बचाव पक्ष के दलील
मनीषा वाघमारे के वकील CBI के आरोप के खारिज करत कहलें कि ऊ एगो प्रमाणित शैक्षणिक सलाहकार बाड़ी आ उनकर आमदनी छात्रन के अलग-अलग संस्थान में रेफर कइला से होला।
बचाव पक्ष ईहो कहलस कि मनीषा के घर पs तलाशी के दौरान ना तs नकदी बरामद भइल आ ना कवनो आपत्तिजनक सामान मिलल।
स्वास्थ्य समस्या के दिहल गइल हवाला
सुनवाई के दौरान वकील अदालत के बतवलें कि मनीषा वर्टिगो (चक्कर आवे के बेमारी) से पीड़ित बाड़ी आ हाले में अस्पताल में भर्तियो रह चुकल बाड़ें।
एह पs अदालत कहलस कि अगर स्वास्थ्य संबंधी सुविधा के जरूरत बा तs उचित आवेदन दायर कइल जा सकेला। अदालत इहो कहलस कि जेल अस्पताल में एह तरे के बेमारी के इलाज खातिर पर्याप्त बेवस्था मवजूद रही।
पुनर्परीक्षा खातिर बढ़ावल गइल सुरक्षा
CBI अदालत से कहलस कि पूरा साजिश के पर्दाफाश करे आ एह ममिला में सामिल आउर लोगन के पहचान करे खातिर आरोपियन के हिरासत जरूरी बा।
गौर करे वाली बात बा कि NEET-UG 2026 परीक्षा 3 मई के भारत के 551 शहर आ बिदेस के 14 शहर में आयोजित भइल रहे, जवना में 22 लाख से जादे अभ्यर्थी सामिल भइल रहलें। पेपर लीक के आरोप सामने अइला के बाद 12 मई के परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे।
अब केंद्र सरकार के शिक्षा मंत्रालय 21 जून के होखे वाली पुनर्परीक्षा खातिर सुरक्षा बेवस्था आ निगरानी के आउर मजबूत करे के निरदेस जारी कइले बा।
Read Also: Bihar MLC Election : चिराग पासवान के बड़ दांव, अशरफ अंसारी के टिकट देके सबका के चउकवलें







