Bihar MLC Election : चिराग पासवान के बड़ दांव, अशरफ अंसारी के टिकट देके सबका के चउकवलें

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2026

हाजीपुर। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के नेतृत्व में केंद्रीय संसदीय बोर्ड बिहार में होखे वाला विधान परिषद (एमएलसी) द्विवार्षिक चुनाव खातिर अशरफ अंसारी के उम्मीदवार बनावे पs

Share

Bihar MLC Election 2026: Chirag Paswan Fields Ashraf Ansari, Surprises Political Circles

हाजीपुर। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के नेतृत्व में केंद्रीय संसदीय बोर्ड बिहार में होखे वाला विधान परिषद (एमएलसी) द्विवार्षिक चुनाव खातिर अशरफ अंसारी के उम्मीदवार बनावे पs सहमति दे देले बा। एह फैसला के पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता लोग जोरदार स्वागत कइले बा।

पार्टी के अनुसार, ई फैसला समावेशी सोच आ संगठन में बरिसन से सक्रिय कार्यकर्ता लोगन के सम्मान देवे वाला महत्वपूर्ण डेग बा। नेता लोगन के कहनाम बा कि एकरा से “बिहार फर्स्ट, बिहारी फर्स्ट” के संकल्प आउर मजबूत होई।

कार्यकर्ता लोग के मनोबल बढ़ावे वाला फैसला

पार्टी नेता लोग कहल कि अशरफ अंसारी के उम्मीदवार बनावल जमीनी स्तर पs काम करे वाला कार्यकर्तन खातिर प्रेरणादायक बा। एह फैसला से संगठन में मेहनत करे वाला कार्यकर्ता लोगन के मनोबल बढ़ी आ पार्टी के आधार आउर मजबूत होई।

अशरफ अंसारी के नाम पs मुहर लगला के बाद बिहार सरकार के पीएचईडी मंत्री संजय सिंह, पार्टी के वरिष्ठ नेता अवधेश कुमार सिंह आ प्रदेश महासचिव राजकुमार पासवान खुसी जतवलें।

नेता आ कार्यकर्ता लोगन में खुसी के माहौल

एह फैसला पs अमित कुमार बब्लू, हरिहर पासवान, संतोष शर्मा, संजय पासवान, अविनाश शर्मा, गुलाम साबिर, संजीव सिंह, संतोष स्वराज, मनोज सिन्हा आ राकेश पासवान सहित कइयन गो नेता खुसी जतावल।

ओहिजा वैशाली जिला इकाई के नेता आ कार्यकर्ता, जइसे श्रीकांत पासवान, धर्मवीर यादव, मो. नौशाद खान, कृष्ण मुरारी, पंकज झा, संजय चौधरी, अजीत चंद्रवंशी, सौरभ तिवारी, वर्षा कुमारी आ सुनील पासवान एह निर्णय के स्वागत कइल आ पार्टी नेतृत्व के बधाई दिहल।

Read Also: Prayagraj News : प्रयागराज में कोचिंग संचालक के भाई के संदिग्ध हालत में मौत, पार्क में टहले गइल रहलें… मिलल लाश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.