NEET Paper Leak : गुरुग्राम से MBBS छात्र गिरफ्तार, राजस्थान SOG के फरुखनगर में छापेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2026

गुरुग्राम। नीट यूजी 2026 के पेपर लीक ममिला में राजस्थान एसओजी टीम मंगर के रात गुरुग्राम के फरुखनगर इलाका में छापेमारी कs के एगो एमबीबीएस छात्र के हिरासत में ले लेलस। बाद में टीम ओकरा

Share

Rajasthan SOG arrested an MBBS student from Gurugram in NEET UG 2026 paper leak case

गुरुग्राम। नीट यूजी 2026 के पेपर लीक ममिला में राजस्थान एसओजी टीम मंगर के रात गुरुग्राम के फरुखनगर इलाका में छापेमारी कs के एगो एमबीबीएस छात्र के हिरासत में ले लेलस। बाद में टीम ओकरा के अपना संगे राजस्थान ले गइल।

सूत्रन के मोताबिक गिरफ्तार छात्र के पहचान यश के रूप में भइल बा। ऊ फरुखनगर के खुरमपुर गांव के निवासी बतावल जा रहल बा। जांच एजेंसियन के दावा बा कि यश ओह नेटवर्क के हिस्सा रहे, जवन नासिक से बाहर आइल क्वेश्चन पेपर के राजस्थान तक पहुंचावे आ गुरुग्राम इलाका में सर्कुलेट करे में मदद कइलस।

जानकारी के अनुसार, राजस्थान एसओजी टीम मंगर के रात करीब दस बजे खुरमपुर गांव पहुंचल रहे। पहिले छात्र से घर पs पूछताछ कइल गइल, ओकरा बाद टीम ओकरा के अपना संगे ले गइल। एह कार्रवाई के बाद इलाका में चरचा सुरू हो गइल बा।

पुलिस सूत्रन के कहनाम बा कि नासिक के एगो प्रिंटिंग प्रेस से नीट परीक्षा के पेपर के फिजिकल कॉपी बाहर निकालल गइल रहे। ओही कॉपी के आधार पs क्वेश्चन पेपर तइयार कs के देस के कइयन गो राज्यन में भेजल गइल। जांच में इहो बात सामने आइल बा कि पेपर लीक नेटवर्क बहुत बड़ स्तर पs काम करत रहे।

राजस्थान एसओजी पहिलहू एह ममिला में कइयन लोगन के गिरफ्तार कs चुकल बिया। पकड़ाइल आरोपियन से पूछताछ के दौरान यश के नाम सामने आइल, जवना के बाद टीम गुरुग्राम पहुंच के कार्रवाई कइलस।

अब एसओजी एह बात के जांच में जुटल बिया कि आखिर पेपर लीक नेटवर्क में आउर के-के सामिल रहे आ पेपर के कवना-कवना राज्यन तक पहुंचावल गइल। नीट पेपर लीक ममिला देसभर में चरचा के विषय बनल बा आउर छात्र-छात्रन में नाराजगी देखे के मिल रहल बा।

Read Also: 13 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.