नीट यूजी 2025 खातीर कब जारी होई एडमिट कार्ड? ईहां जानीं तारीख

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2025

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) नेशनल एंट्री एलिजिबिलिटी टेस्ट अंडरग्रेजुएट (नीट यूजी) के परीक्षा 4 मई के करावे जा रहल बिया, एकरा बारे में एनटीए काल्ह रात सिटी इंटीमेशन स्लिप जारी कईले बिया। एह साल नीट

Share

नीट यूजी 2025

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) नेशनल एंट्री एलिजिबिलिटी टेस्ट अंडरग्रेजुएट (नीट यूजी) के परीक्षा 4 मई के करावे जा रहल बिया, एकरा बारे में एनटीए काल्ह रात सिटी इंटीमेशन स्लिप जारी कईले बिया। एह साल नीट यूजी परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in देख सकेलें. रउरा अपना परीक्षा शहर के बारे में जानकारी खातिर जा के एकरा के डाउनलोड कs सकीलें.

परीक्षा सिटी स्लिप छात्र के संबंध में मदद खातिर का करे के बा?

एनटीए एगो नोटिस जारी कs के जानकारी दिहलस कि परीक्षा सिटी स्लिप छात्र के जारी कs दिहल गईल बा, अयीसन स्थिति में जदी कवनो छात्र के परीक्षा सिटी स्लिप से कवनो दिक्कत होखे तs उ एजेंसी से संपर्क कs सकतारे। एकरा खातिर एजेंसी हेल्पलाइन नंबर अवुरी ईमेल पता जारी कईले बिया जवन कि 011- 40759000 अवुरी 011-69227700 बा। साथ ही ईमेल पता बा neetug2025@nta.ac.in. भी दिहल जाला।

एडमिट कार्ड कब जारी होई?

परीक्षा सिटी जारी घरी एनटीए छात्रन से कहलस कि ई परीक्षा एग्जाम सिटी स्लिप हs, एकरा के एडमिट कार्ड माने के गलती मत करीं, अइसना में सवाल उठत बा कि नीट यूजी 2025 खातिर एडमिट कार्ड कब जारी कइल जाई? जबकि परीक्षा 4 मई के होखे वाला बा। अइसना में विद्यार्थियन के जानकारी खातिर बता दीं कि परीक्षा खातिर परीक्षा से 3-4 दिन पहिले एडमिट कार्ड जारी कs के विद्यार्थियन के जानकारी दिहल जाई माने कि 1 मई के एडमिट कार्ड जारी कइल जा सकेला,

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.