NEET UG 2025 Final Answer key: जारी भइल नीट यूजी परीक्षा के फाइनल आंसर-की

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2025

NEET UG 2025 Final Answer key: NEET UG परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो बढ़िया खबर बा। नीट यूजी 2025 के अंतिम जवाब कुंजी राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी के ओर से आधिकारिक वेबसाइट पs जारी

Share

NEET UG 2025 Final Answer key: NEET UG परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो बढ़िया खबर बा। नीट यूजी 2025 के अंतिम जवाब कुंजी राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी के ओर से आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कईल गईल बा। परीक्षा में शामिल उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके NEET UG 2025 Final Answer key के जांच अवुरी डाउनलोड कs सकतारे।

नीट यूजी परीक्षा के फाइनल आंसर-की

उम्मीदवार नीचे दिहल सरल चरण के पालन कs के जवाब कुंजी के आसानी से जांच अवुरी डाउनलोड कs सकतारे।

सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के होई।
एकरा बाद उम्मीदवार के होमपेज पs NEET(UG)-2025 खातिर Final Answer Keys लिंक पs क्लिक करे के होई।
एकरा बाद उम्मीदवार के सोझा एगो अलग विंडो में जवाब के कुंजी खुल जाई।
अब उम्मीदवार लोग के जवाब कुंजी के जांच कs के डाउनलोड करे के चाही।
अंत में उम्मीदवारन के प्रिंटआउट लेबे के चाहीं.

एकरा से पहिले राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी प्रोविजनल जवाब कुंजी जारी कईले रहे। एह जवाब कुंजी (अस्थायी उत्तर कुंजी) से असंतुष्ट उम्मीदवारन के आपत्ति जतावे के मौका मिलल. जवना के बाद अब अंतिम जवाब के कुंजी जारी हो गईल बा। बता दीं कि नीट परीक्षा 4 मई के देश भर के विभिन्न शहरन के कई गो परीक्षा केंद्रन पs करावल गइल रहे.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.