NEET PG Counselling 2025 : जल्दिये जारी होई नीट पीजी काउंसलिंग के टाइमटेबल, इहां देखीं टॉप सरकारी कॉलेज

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2025

नई दिल्ली। मेडिकल काउंसलिंग कमिटी (MCC) के तरफ से नीट पीजी कोर्स में दाखिला खातिर पहिला राउंड के काउंसलिंग (NEET PG Counselling 2025) प्रक्रिया बहुत जल्द सुरू होखे वाला बा। जे उमेदवार NEET PG 2025

Share

नई दिल्ली। मेडिकल काउंसलिंग कमिटी (MCC) के तरफ से नीट पीजी कोर्स में दाखिला खातिर पहिला राउंड के काउंसलिंग (NEET PG Counselling 2025) प्रक्रिया बहुत जल्द सुरू होखे वाला बा। जे उमेदवार NEET PG 2025 कोर्स में रजिस्ट्रेशन करे के इंतजार करत बा लोग, ऊ लोग आधिकारिक वेबसाइट mcc.nic.in पs जाके नीट पीजी 2025 काउंसलिंग खातिर रजिस्ट्रेशन कs सकत बा लोग।

एमसीसी नीट पीजी कोर्स में दाखिला खातिर कुल चार राउंड काउंसलिंग कराई। पहिला तीन राउंड में नया रजिस्ट्रेशन करे के होई, जबकि चउथा राउंड स्ट्रे राउंड कहल जाई।

कवन-कवन दस्तावेज चाहीं?

नीट पीजी काउंसलिंग खातिर रजिस्ट्रेशन में उम्मीदवार लगे ई जरूरी कागजात रहे के चाहीं:

  • नीट पीजी प्रवेश पत्र
  • एडमिट कार्ड
  • रिजल्ट
  • रैंक लेटर
  • एमबीबीएस/बीडीएस डिग्री/सर्टिफिकेट

उम्मीदवार लोगन के सलाह बा कि ई सब दस्तावेज पहिले से तैयार राख लीं, जवना से आखिरी समय में कवनो दिक्कत ना होखे।

NEET PG Counselling 2025 : टॉप सरकारी मेडिकल कॉलेजन के लिस्ट

नीट पीजी परीक्षा पास कइल उम्मीदवारन खातिर इहां टॉप 10 सरकारी मेडिकल कॉलेजन के लिस्ट दिहल गइल बा, जवन काउंसलिंग में एडमिशन लेवे में मददगार होई:

  • नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ मेंटल हेल्थ एंड न्यूरो साइंस
  • जवाहरलाल स्नातकोत्तर चिकित्सा शिक्षा आ अनुसंधान संस्थान
  • संजय गांधी स्नातकोत्तर आयुर्विज्ञान संस्थान
  • बनारस हिंदू विश्वविद्यालय
  • मद्रास मेडिकल कॉलेज एंड गवर्नमेंट जनरल हॉस्पिटल
  • किंग जॉर्ज मेडिकल यूनिवर्सिटी (केजीएमयू)
  • वर्धमान महावीर मेडिकल कॉलेज एंड सफदरजंग हॉस्पिटल
  • इंस्टीट्यूट ऑफ लिवर एंड बिलियरी साइंसेज
  • स्नातकोत्तर चिकित्सा शिक्षा आ अनुसंधान संस्थान (PGIMER)
  • अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय (AMU)

Read Also: UP Minister Protest : अपनही सरकार के फैसला के विराेध में उतरलें सीएम योगी के मंत्री, पीएम मोदी तक बात पहुंचवला के दावा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.